Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

358
  1. बिहार: ईसीआर के फसीला: आज रात आठ से भोर के 4 बजे तक चली ट्रेन, देश भर में 369 ट्रेन भइल रद्द।
  2. बिहार: बीपीएससी जारी कइलस नाया तिथि, 28 जुलाई के होई प्रधान शिक्षक के लिखित परीक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: कानपुर हिंसा- 42 गवाह देखले पथराव आ बमबाजी, एसआईटी कर रहल बा बड़ कार्रवाई के तइयारी।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी-बिहार में अग्निपथ के लेके हो रहल उपद्रव आ हिंसा के कारण 90 ट्रेन रद्द।
  5. झारखंड: जुलाई में एक हफ्ता के हाई झारखंड विधानसभा के मानसून सत्र, अनुपूरक बजट पेश कर सकत बिया सरकार; तारीख पs जारी बा विमर्श।
  6. अग्निपथ योजना के विरोध में कांग्रेस दिल्ली में सत्याग्रह करी, पार्टी के सब सांसद होइहे शामिल।
  7. अग्निवीरन के रक्षा आ गृह मंत्रालय के भरतियन में 10% के आरक्षण मिली।
  8. फारूक अब्दुल्ला राष्ट्रपति के चुनाव ना लड़िहे, कहले- अभी कश्मीर के हमार जरूरत।
  9. NCERT 12वीं के सिलेबस से गुजरात दंगा आ इमरजेंसी के चैप्टर हटवलस।
  10. खेल: क्रिकेट- टीम इंडिया आज जीती तs इतिहास बनी, साउथ अफ्रीका से भारत में कबो टी-20 सीरीज नइखे हारल बारिश बिगाड़ सकेला खेल।
276570cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.