[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भीषण सड़क हादसा में सीवान के चार लोग के दर्दनाक मौत, बियाह के समारोह से जयपुर से लवटे के दौरान भइल हादसा।
  2. बिहार: बिहार के 15 जिलन में इंटरनेट सेवा पs पाबंदी 24 घन्टा बढ़ावल गइल, फेसबुक, ट्विटर, व्हाट्सएप समेत 22 एप्स पs मैसेज-वीडियो आ फोटो बैन।
  3. उत्तर प्रदेश: अग्निपथ विरोध- गाजीपुर में आजो बवाल, जुवा लोग कइल पथराव, रेलवे ट्रैक जाम करे के कोसिस, पुलिस संभरलस मोरचा।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ देले संकेत, आजमगढ़ के नाम होई अब आर्यगढ़।
  5. झारखंड: रांची डबल मर्डर- एकतरफा प्यार में भाई-बहिन के हथौड़ा से पीट के हत्या, माँ के चाकू मारके आरोपी कइले घायल, छत से कुदके आरोपी भागल लो।
  6. प्रधानमंत्री मोदी 44वां शतरंज ओलम्पियाड खातिर मशाल रिले के शुभारंभ कइलें।
  7. जम्मू-कश्मीर में 4 आतंकी ढ़ेर: कुपवाड़ा आ कुलगाम में एनकाउंटर, लश्कर के पाकिस्तानी आतंकी ढ़ेर।
  8. पेगासस ना अब हर्मिट स्पाईवेयर से खतरा: कइयन देस में लोगन के कर रहल बा जासूसी; नेता पत्रकार, बिजनेसमैन निशाना पs।
  9. क्रिप्टो मार्केट में गिरावट जारी: बिटकोईन 61 हजार आ इथीरियम में ढाई हजार रुपिया से जादा के गिरावट, डॉजकॉइन आ USD कॉइन में तेजी।
  10. खेल: क्रिकेट – पांचवां टी-20, लगातार पांचवां टॉस हरले ऋषभ, साऊथ अफ्रीका बौलिंग चुनलस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]