Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

447
  1. बिहार: मोकामा के रण में फेर से टकराई लो दु गो बाहुबली!: महागठबंधन से अंनत सिंह के पत्नी के चुनाव लड़ल तय, सवाल- का नीतीश मोकामा में करिहें प्रचार। कबो नीतीश के खास रहल अनन्त सिंह अब बाड़ें धुर विरोधी। रालोजपा से टिकट के दावेदार बाड़ी सुरजभान सिंह के पत्नी।
  2. बिहार: बगहा में बाघ के हमला से 12 साल के बच्ची के मौत, लोग दउड़ावल त शव छोड़ के भागल। सुतला में कइलस हमला, परिजनन के हंगामा कइला प छोड़ के भागल। 24 दिन से एही बाघ के रेस्क्यू खातिर चल रहल बा अभियान, रेस्क्यू ऑपरेशन में 400 लोग के लगावल गइल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: कानपुर ट्रॉली हादसा के मुख्य आरोपी राजू निषाद गिरफ्तार, पीके चलावत रहे ट्रैक्टर। भीतरगांव में भइल एह दर्दनाक हादसा में 26 लोग गंवववले रहे जान। नशा में ट्रेक्टर चलावत रहे राजू।
  4. उत्तर प्रदेश: विजयादशमी के दिने सीएम योगी लगवले जनता दरबार, फरियादियन के सुनले फरियाद; जमीन जायदाद आ इलाज के बड़ संख्या में ममिला आइल। जल्द से जल्द समाधान के सीएम योगी देलें निरदेस।
  5. झारखंड: रामगढ़ में ट्रक दु बाइक सवार समेत कइयन लोगन के रउदलस, 6 के मौत सड़क जाम। ट्रक चालक गिरफ्तार। घायलन के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गइल, लोग सड़क कइल जाम।
  6. बंगाल में दुर्गा विसर्जन के दौरान 8 लोगन के मौत: जलपाईगुड़ी के मल नदी के जलस्तर बढ़ला से भइल हादसा, 20-25 लोग लापता। 11 लोग अब तक रेस्क्यू कइल गइल। राहत आ बचाव में एनडीआरएफ के लगावल गइल। पीएम मोदी जतवले दुख।
  7. महाराष्ट्र सीएम एकनाथ शिंदे बोलले: हमनी के गद्दारी नइखी स कइले, उद्धव ठाकरे बोलले- शिवसैनिक कटप्पा के माफ ना करी लो। शिवसेना के इतिहास में पहिला बेर दु जगहन प भइल दशहरा रैली।
  8. गृहमंत्री अमित शाह बोलले- अब पाकिस्तान से बातचीत ना: बारामूला में भाषण से पहिले बुलेटप्रूफ ग्लास हटववले, अजान खातिर स्पीच रोकले। कहले- 70 साल से राज करे वाला कहे ला लो कि हमनी के पाकिस्तान से बात करे के चाहीं। हमनी के पाकिस्तान से ना इहां के लोगन से बातचीत करेम स।
  9. विजयादशमी कार्यक्रम में बोलले आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत: जनसंख्या में समान नीति जरूरी। वुमन, पॉपुलेशन, एजुकेशन प एक घण्टा देले स्पीच, पहिला बेर संघ के विजयादशमी में महिला चीफ गेस्ट।
  10. भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका पहिला वनडे आज: लखनऊ में बारिश डाल सकेला खलल, धवन के कप्तानी में डेब्यू कर सकेले रजत पाटीदार।
347970cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.