Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

728
  1. बिहार: पटना के गांधी मैदान में भइल रावण दहन: तेज हवा में रावण भइल धड़ाम, क्रेन से खड़ा कइल गइल; ताली बजावे लागल लोग। औंधे मुंह गिरल, उठाके फेर जरावल गइल। दु लाख के ईको फ्रेंडली पटाखा से जरावल गइल रावण।
  2. बिहार: निकाय चुनाव प सुप्रीम लड़ाई लड़ी बिहार सरकार; रिजर्वेशन प राज्य सरकार जाई सुप्रीम कोर्ट, बिहान पटना हाईकोर्ट लगवले रहल रोक। विजय चौधरी बोलले- बिहार सरकार के उम्मीद बा कि सुप्रीम कोर्ट से जवन फसीला आई उ हमनी के हक में होई।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर जू में सीएम योगी आदित्यनाथ तेंदुआ के लईका के पियवले दूध, दु गो शावकन के नामकरण कइलें। सफेद बाघिन गीता के मुख्य बाड़ा में घुसववले। ऊ गोरखपुर में वन्य जीव प्राणि सप्ताह समारोह में शामिल भइलें।
  4. उत्तर प्रदेश: सिदार्थनगर में भजन गायक धर्मेंद्र पांडेय के भड़काऊ बयान; कहले चाकू आ चिमटा में लगा लिहल जाव धार, देश कबो बन सकेला हिंदू राष्ट्र। ऊ इटावा में देवी जागरण में आइल रहस। भोजपुरी गायक हवे धर्मेन्द्र पांडेय।
  5. झारखंड: 12 अक्टूबर से हेंमत सरकार होई रउआ दुआरी; ‘आपकी योजना आपकी सरकार आपके द्वार’, पंचायत स्तर प लागी शिविर, समस्यन के निकली हल। ई कार्यक्रम 14 नवंबर तक चली।
  6. रिलायंस अस्पताल के फोन प उड़ावे के धमकी: अंबानी परिवार के सदस्यन के लेलस नाम, 8 दिन पहिले मुकेश अंबानी के मिलल रहे Z+ सिक्योरिटी। अगस्त में आइल रहे 8 कॉल।
  7. तेलंगाना सीएम दशहरा प लॉन्च कइलें नेशनल पार्टी: भारत राष्ट्र समिति नाम; ममता, नीतीश जइसन 6 विपक्षी नेता लो से मिलला के बाद उठवले बड़ डेग। शुभ मुहूर्त में 1 बजके 19 मिनट प भइल लॉन्च।
  8. केमेस्ट्री का नोबेल 3 वैज्ञानिकन के: एमे एगो महिला, दूसरा के 21 साल बाद फेर पुरस्कार, काल्ह लिटरेचर कैटेगरी के ऐलान। कैरोलिन बेट्रोजी (अमेरिका), मोर्टन मेल्डेल (डेनमार्क) आ बेरी शार्पलस (अमेरिका) के मिली पुरस्कार। 81 साल के शार्पलेस के 2001 में पहिलहू मिल चुकल बा नोबेल पुरस्कार।
  9. अरुणाचल प्रदेश में आर्मी के चीता हेलीकॉप्टर क्रैश: अस्पताल ले जात घरी एगो पायलट के मौत, दूसरा के हालत गंभीर। हादसा के जांच के आदेश। लेफ्टिनेंट कर्नल सौरभ यादव इलाज के दौराण तुड़ले दम।
  10. विमेंस अंडर-17 फीफा वर्ल्ड कप खातिर भारत के टीम घोषित: भारत के पहिला मुकाबला 11 अक्टूबर के अमेरिका से होई, 30 अक्टूबर के फाइनल। टूर्नामेंट देश के तीन शहर भुवनेश्वर, मुंबई आ गोवा में खेलल जाई।
347910cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.