[the_ad_group id="30365"]

अभिन दू दिन अउर हो सकsता भारी बरखा, मौसम विभाग जारी कइलस अलर्ट, दशहरा पs रिकॉर्ड टूटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के कई शहर में पिछले कुछ दिन से लगातार बारिश हो रहल बा। बंगाल के खाड़ी में निम्न दबाव के क्षेत्र के असर उत्तर प्रदेश सहित उत्तर भारत के अधिकांश हिस्सा में देखे के मिल रहल बा। पूर्वांचल में बुध के दुपहर में बादल लागल शुरू भइल अउरी साँझ होत-होत बरखा हो गइल। मौसम विभाग गुरुवार अउर शुक्क के पश्चिमी उत्तर प्रदेश में भारी बारिश के अलर्ट जारी कइल गइल बा। वाराणसी में हो रहल बारिश के असर रावण दहन में भी देखे के मिलल। बारिश में रावण परिवार पूरा तरह से भीज गइल। जेकरे वजह से लोग जमीन पs लेटा के रावण के पुतला फूंकल।

लखनऊ सहित 51 जिला खातिर अलर्ट

मौसम विभाग लखनऊ सहित 51 जिला खातिर बारिश के अलर्ट जारी कइले बा। उहवें महराजगंज, सिद्धार्थनगर, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच अउर खीरी में भी ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा। बारिश के कारण मौसम के मिजाज बदल गइल रहे। तापमान नीचे चल गइल बा। घर में लोग कूलर अउर एसी बंद कs दिहले बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]