[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: कृषि मंत्री के इस्तीफा पs नेता प्रतिपक्ष सधले निशाना: विहाय सिन्हा बालू घाट पs गोलीबारी के लेके सरकार के घेरले, सीएम से मंगले इस्तीफा। कहले कृषि मंत्री सुधाकर सिंह के इस्तीफा सरकार के कार्यशैली पs सवाल खड़ा करत बा।
  2. बिहार: 10 अक्टूबर के होखे वाला निकाय चुनाव पs ग्रहण संभव, आरक्षण के लेके फंसल कानूनी पेंच के कारण लाग सकत बा ग्रहण, दु दिन बाद हाईकोर्ट के आवे आला बा फसीला। राज्य निर्वाचन आयोग सब जिलाधिकारियन के पत्र लिखलस, ममिला के देलस जानकारी, चुनाव के तारे भा डेट आगे बढ़ावे के जिकिर नइखे।
  3. उत्तर प्रदेश: UP के भदोही में दुर्गा पंडाल में लागल भीषण आग, 52 लोग झुलसल; 3 के मौत। घायलन के वाराणसी के BHU रेफर कइल गइल, 33 के हालत गंभीर। ओराई क्षेत्र के नरथुआ में भइल हादसा। सुचना के मोताबिक हादसा के समय 150 लोग पंडाल में मवजूद रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: धान बेचे खातिर बटाईदार ना करा सकी लो पंजीकरण, किसानन के खातन में होई भुगतान। पछिला साल ले रहे अनुमति, बाकिर अबकी बेर से पंजीकरण मूल किसान के नाम से होई, भुगतानो मूल कृषक के खाता में होई।
  5. झारखंड: सूखा से परेसान किसानन के सरकार से फसल राहत के इंतेजार, पोर्टल बंद, 20 लाख किसान कइले बा लो पंजीकरण। 15 सितम्बर ले रहे पंजीकरण के अंतिम तारीख। राज्य में कुल निबंधित किसानन के संख्या 38 लाख।
  6. गहलोत बतवले सोनिया से माफी के वजह: कहले- विधायकन के धोखा कइसे देती। प्रदेश अध्यक्ष गोविंद सिंह डोटासरा विधायकन के मनावे गइल रहस, बाकिर उ लोग इस्तीफा दे चुकल रहे। जे सरकार बचावल ओकरा के धोखा कइसे दे सकत बानी, एहिसे हम सोनिया गांधी से माफी मांगल मंजूर कइनी।
  7. मुलायम सिंह यादव मेदांता के ICU में भर्ती:  वेंटीलेटर सपोर्ट पs बाड़ें मुलायम सिंह यादव, अगिला 24 घंटा अहम, PM मोदी अखिलेश से बात कइले। बिहार CM नीतीश कुमारो कइले अखिलेश के फोन।
  8. गुजरात में केजरीवाल पs फेंकल गइल बोतल: राजकोट में गरबा देखे गइल रहस दिल्ली सीएम, पार्टी के कार्यकर्ता लोगन से बात करत जाट घरी फेंकल गइल बोतल, भीड़ के वजह से फेंके वाला के पता ना चल सकल।
  9. फुटबॉल मैच के दौरान 174 के मौत: फैंस मैदान में घुसले आ फेर सुरु भइल तांडव। इंडोनेशिया में बीआरआई लीग-1 के मैच के दौरान हारे वाला टीम के समर्थक मैदान में घुसल लो, पुलिस एक्शन लेलस आ मौत के तांडव सुरु हो गइल।
  10. Ind Vs SA: दूसरका टी-20 मुकाबला में टीम इंडिया साउथ अफ्रीका के 16 रन से हरवलस, मिलर के सेंचुरी बेकार, 7 साल बाद घर में भारत दक्षिण अफ्रीका के देलस टी-20 सीरीज में मात।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]