Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

603
  1. बिहार: PK के जनसुराज पदयात्रा: चंपारण के भीतिहरवा गांधी आश्रम से आपन राजनैतिक जमीन खोजे निकलिहें प्रशांत किशोर। सवा साल में 3500 किमी के पदयात्रा करिहें।
  2. बिहार: भागलपुर में पुलिस के पंखा चोरी पकड़ल गइल, पुलिस पहिले मना कइलस फेर लवटवलस, बोलल- लावारिस पड़ल रहे एहिसे ले आवल गइल।पैडेस्टल पंखा के जाये के समूचा घटना सीसीटीवी में भइल रहे कैद।
  3. उत्तर प्रदेश: नियम के ताक पs राखके मौत के फर्राटा भर रहल बाड़ी सs ट्रेक्टर-ट्रॉली, मुख्यमंत्री योगी कइले मार्मिक अपील- ट्रॉली में सवारी ना ढोवल जाये।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ आज दिहें बायो सीएनजी प्लांट के सौगात, गोरखपुर, लखनऊ समेत चार शहरन में लागी प्लांट।
  5. झारखंड: हजारीबाग में खउलत तेल में झुलसले तीन गो लईका; नमकीन फैक्ट्री में चुल्हा पs रोटी बनावत रहे लो, दूसर मजदूर के हाथ से कड़ाही फिसिल गइल। 3 साल से चलत रहे फैक्ट्री, 5 बाल-मजदूर काम करत रहले।
  6. देश मे 5G युग के सुरुआत: PM मोदी लॉन्च कइले सर्विस। इंटरनेट स्पीड 4G के तुलना में लगभग 10 गुना बढ़ी।
  7. कानपुर में श्रद्धालुअन से भरल ट्रेक्टर-ट्रॉली तालाब में गिरल, 27 के मौत: उन्नाव के चंद्रिका देवी मंदिर से दर्शन कs के लवटत रहे लो। मरे वालन में 11 गो महिला आ 11 गो लईका बाड़े शामिल।
  8. ईरान में सुन्नी लईकी से रेप: भीड़ सरकारी ऑफिसन में आग लगवलस, पुलिस फायरिंग में 36 के मौत। जेदहान शहर में भइल विरोध पर्दशन।
  9. भारत मे पाक सरकार के ट्विटर अकाउंट फेर भइल बंद: PFI बैन के खिलाफ ट्वीट के बाद भइल एक्शन।
  10. रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज: इंडिया लिजेंड्स लगातार दूसरा बेर चैंपियन बनल, नमन ओझा के शानदार शतक आ विनय कुमार के ऑलराउंड प्रदशन से 33 रन से मिलल जीत।
346700cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.