[the_ad_group id="30365"]

भारत के एयरस्पेस से गुजर रहल ईरानी विमान में बम के सूचना, दिल्ली- जयपुर में लैडिंग के परमिशन ना दिहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय एयरस्पेस से गुजर रहल एगो ईरानी विमान में बम के सूचना मिलल बा। विमान में बम के जानकारी लाहौर एयरपोर्ट प ATC देले बिया। बम के जानकारी मिलला पs विमान दिल्ली आ जयपुर में लैडिंग के परमिशन मंगलस, जवना के भारत सरकार इनकार कs देलस।

सूत्रन के मोताबिक, दिल्ली में सुरक्षा एजेंसियन के बम के बारे में इनपुट मिलल रहे, जवना के बाद विमान के दिल्ली में उतरे के अनुमति ना दिहल गइल।  ई विमान अभी चीन के ओर बढ़ रहल बा। एकर निगरानी खातिर एयरफोर्स के सुखोई फाइटर जेट लगावल गइल बा। ई फाइटर जेट्स पंजाब आ जोधपुर एयरबेस से उड़ान भरले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]