Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

735
  1. बिहार: प्रेमी के घरे पहुंचल प्रेमिका… बोलल मर जायेम, वापस ना जायेम; सीवान में अपना परिजनन पs मारपीट के आरोप लगवलस, 4 साल से चल रहल बा अफेयर। मैरवा थाना क्षेत्र के उपाध्याय छापर गांव के हs ममिला।
  2. बिहार: 20 दिन में फेर दोबारे बिहार आ रहल बाड़ें गृहमंत्री अमित शाह; जेपी जयंती पs छपरा पहुंचिहें, किसान लोगन के संबोधित करिहें। 11 अक्टूबर के बा जयप्रकाश नारायण जयंती।
  3. उत्तर प्रदेश: कवयित्री जैन अंबर के भाई पs लागल गैंगेस्टर, जमीन के विवाद में FIR, कवयित्री बोलली- ई साजिश बा, हमरा भाई के फंसावल जा रहल बा। “यूपी में बाबा” गाके चरचा में आइल रहली अनामिका जैन।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी-श्रृंगार गौरी केस के हिंदू पक्ष के आपसी कलह बढ़ल, सनातन संघ के प्रमुख जितेंद्र सिंह विशेन बोलले- मुस्लिमन के हाथे बिक गइले डॉ० सोहन, 1995 में पहिलहू केस कs के उगहले रहस पईसा।
  5. झारखंड: रेलवे के नया समय सारणी आज से भइल लागू; टाटा छपरा एक्सप्रेस के थावे तक मिलल स्थायी विस्तार, बाकिर फेरन में तीन दिन के कs दिहल गइल कटौती। सीवान में रही स्टॉपेज।
  6. सोनिया के पसंद खड़गे: राहुल दिग्विजय सिंह के भेजले, बाकिर छव कारणन से भारी पड़ले खड़गे; कास्ट, लोकेशन आ लैंग्वेज में सबसे फिट। उमिर के वजह से राहुल खातिर खतरा ना बनिहे खड़गे।
  7. देश में आइल 5G, PM कइलें लॉन्चिंग: दिल्ली मुम्बई समेत 8 शहरन में एयरटेल के सर्विस आज से, JIO अगिला साल देशभर में दिही 5G सर्विस।
  8. नॉर्थ कोरिया दगलस 2 मिसाइल: US, जापान आ साउथ कोरिया के जॉइंट मिलिट्री ड्रिल के बीचे मिसाइल टेस्ट कइलें, एक हफ्ता में चउथा परीक्षण।
  9. खड़गे के राज्यसभा नेता प्रतिपक्ष पद से इस्तीफा: कांग्रेस अध्यक्ष के रेस में अब खड़गे आ थरूर, केएन त्रिपाठी के फार्म निरस्त भइल।
  10. भारत श्रीलंका के 41 रन से हरवलस: महिला एशिया कप में जीत से आगाज, हेमलता झटकली 3 विकेट, जेमिमा बनवली 76 रन।
346650cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.