[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: विपक्षी एकता के पहिला लिटमस टेस्ट: हरियाणा में चौटाला के रैली में शामिल होइहें नीतीश; लालू संगे सोनिया से मुलाकात तय करी आगे के राजनीति। महारैली के बहाने विपक्ष के एकजुटता के मंच।
  2. बिहार: किशनगंज के इंडो-नेपाल बॉर्डर पs अमित शाह; बोलले- बिहार के खुला सीमा चुनौती; SSB जवानन के कारण नक्सलवाद खत्म होखला के कगार पs।
  3. उत्तर प्रदेश: इलाहाबाद यूनिवर्सिटी प्रशासन से बगावत करे वाला प्रोफेसर डॉ० विक्रम बोलले- AU वालन के लेवल समझीं; JNU से पढ़े वाला के पागल बोल रहल बा लो। निशुल्क शिक्षा के आंदोलन चलायेम।
  4. उत्तर प्रदेश:  योगी आदित्यनाथ सरकार किसानन के खुशहाली खातिर खोललस पिटारा, ग्रामीण क्षेत्रण में विकास प्राथमिकता। योगी सरकार में भइल गन्ना किसानन के रिकॉर्ड भुगतान। खेती में शुरू भइल तकनीक के प्रयोग, फसली ऋण भइल आसान।
  5. झारखंड: SWUP पs जनसुनवाई आज: टाटा स्टील के ओर से पोटका के बेगनाडीह में बनावल जाए के बा, सॉलिड वेस्ट मैनेजमेंट प्लांट; खाली 120 लोगन खातिर बनावल गइल बा पंडाल।
  6. मोदी रहले PFI के निशाना पs, केरल में बनल प्लानिंग, बिहार में मारे के साजिश रहे। खाड़ी देश से फंडिंग आ इस्लामिक राष्ट्र बनावे के दस्तावेज मिलल।
  7. रिशेप्सनिस्ट अंकिता भंडारी केस में पूर्व मंत्री के बेटा पs एक्शन, भाजपा बाप आ भाई के पार्टी से निकललस।
  8. चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी वीडियो केस में फौजी अरेस्ट, अरुणाचल में रहे पोस्टेड: संदेह बा कि संजीव सिंह नाम के इहे आर्मी जवान छात्रा के ब्लैकमेल कs के ओकरा से आउर लईकियन के वीडयो बनवावत रहे।
  9. 20 राज्यन में सीबीआई के रेड: चाइल्ड सेक्सुअल अब्यूज मैटेरियल सर्कुलेशन ममिला में एक्शन, सिंगापुर आ न्यूज़ीलैण्ड के इन्टरपोल यूनिट्स के इनपुट्स के आधार पs CBI देलस एह ऑपरेशन के अंजाम।
  10. लॉर्ड्स में भारतीय महिला क्रिकेट टीम के डंका: इंग्लैंड के सरजमीं पs पहिला बेर क्लीन स्वीप कइलस, फेयरवेल मैच में झूलन 2 विकेट लेली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]