Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BRD मेडिकल कॉलेज के रैन बसेरा से भाई-बहिन गायब: बिहार के रहे वाला हवे 6 साल के गोलू आ 7 साल के संगीता, मां का चल रहल बा इलाज

345

गोरखपुर के BRD मेडिकल कालेज के प्राइवेट वार्ड के बाहर से सनीचर के दु गो बच्चा लापता हो गइले। दुनो सगा भाई-बहन हवे। लईका के उमिर 6 साल बा तs लईकी के 7 साल। एह लईकन के माई के मेडिकल कॉलेज में इलाज चल रहल बा।

लईकन के लेके ओकनी के नानी प्राइवेट वार्ड के सोझा रैन बसेरा में एक हफ्ता से रहत रहली। ऊ अपना बेटी के तीमारदारी में जुटल बाड़ी। लईकन के गायब होखला के खबर के बाद पुलिस पूरा मेडिकल कालेज परिसर के अलावे अगल-बगल के गांवन में तलाश शुरू कs देले बिया। सोशल मीडिया पs लईकन के फोटो वायरल कs के लोगन से मदद मांगल जा रहल बा।

BRD में भर्ती बाड़ी दुनो लईकन के माई 

बिहार के रामनगर थाना क्षेत्र के रामनगर के रहे वाला राजू गौड़ ले पत्नी प्रमिला देवी (35) दु लईकन के माई हई। बेटा गोलू 6 साल के बा तs बेटी संगीता 7 साल के। प्रमिला के तबीयत खराब होखला पs मां सदरून पत्नी जाफर इलाज खातिर एक हफ्ता पहिले BRD मेडिकल कालेज में भर्ती करवले बाड़ी। प्रमिला के आत के ऑपरेशन भइल बा। ऊ वार्ड नम्बर 4 के बेड नंबर 12 पs भर्ती बाड़ी। दुनो लईका अपना नानी सदरून के लगे रहले सs।

लईकन के बाप दोसर औरत लेके भाग गइल 

सदरून बतवली, उनकर बेटी लव मैरिज कइले रहली। बियाह आ दु लईकन के पैदा होखला के बाद ओकर पति राजू एगो दोसर लईकी के लेके भाग गइल बा। सदरूने अपना बेटी आ ओकर लईकन के देखभाल कर रहल बाड़ी। ऊ बतवली, दुनो लईकन के BRD में स्थित रैन बसेरा में लेके रहत रहली।

सनीचर के सबेरे लईकन के सुता के वार्ड में भर्ती बेटी के लगे चल गइल रहली। दुपहरिया बाद जब लईकन के लगे वापस गइली तs दुनो उहां ना मिलले। तनिका देर तक अगल बगल तलाश कइली। जब कहीं पता ना चलल तs मेडिकल कालेज पुलिस चौकी पs सूचना देली।

सोशल मीडिया पs डालल गइल लईकन के फोटो

सदरून लईकन के चोरी होखला के पुलिस के सूचना देली। ओने, सूचना पs पहुंचल पुलिस लईकन के फोटो हासिल कs के सोशल मीडिया पs वायरल करत ओकनी के गायब होखे के सूचना देलस। संगही अलग अलग टीम बनाके मेडिकल कालेज परिसर आ आसपास के गांवन में तलाश कर रहल बिया। गांव के लोगन से कहल गइल बा कि ऊ जदि एह दुनो लईकन के देखे लोग तs पुलिस के सूचना देव लो।

साभार: दैनिक भास्कर

341080cookie-checkBRD मेडिकल कॉलेज के रैन बसेरा से भाई-बहिन गायब: बिहार के रहे वाला हवे 6 साल के गोलू आ 7 साल के संगीता, मां का चल रहल बा इलाज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.