[the_ad_group id="30365"]

भारतीय सीमा में घुसल ड्रोन: पंजाब में नशा के खेप गिरवलस, BSF जवान फायरिंग कइल लो तs पाकिस्तान लवटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान से सनीचर देर रात एक बार फेर ड्रोन भारतीय क्षेत्र में घुसल आ नशा के खेप गिराके लवट गइल। सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) के जवान लोग अतवार के सबेरे सर्च अभियान के दौरान सीमांत गांव धनोआ के एगो खेत से हेरोइन के खेप बरामद कइलस लो। एकर वजन सवा तीन किलो बा। सीमा सुरक्षा बल के जवान आ पंजाब पुलिस मिलके इलाका में देर सांझ ले सर्च अभियान चलावल।

सीमा सुरक्षा बल के जवान घरिंडा थानाक्षेत्र में सनीचर के रात सीमा पs गश्त करत रहे लो। एह दौरान जवान सीमा निगरानी चौकी (बीओपी) रतन खुर्द इलाका में पाकिस्तान से एगो ड्रोन आवे के आवाज सुनलस। जवान लोग तुरंत फायरिंग कइलस तs ड्रोन वापस पाकिस्तान चला गइल। एकरा बाद जवान दिन निकलला पs पुलिस के संगे मिलके पूरा इलाका के घेर लेलस आ सर्च अभियान शुरू कइलस।

सीमा सुरक्षा बल आ पंजाब पुलिस के जवान सर्च के दौरान सीमांत गांव धनोआ के एगो खेत से करिया रंग के प्लास्टिक के टेप में लिपटल एगो पैकेट बरामद कइलस। पैकेट के खोलके जांच कइला पs ओकरा अंदर से हेरोइन के तीन गो पैकेट मिलल। एकर वजन करीब सवा तीन किलो बा। संदेह बा कि ड्रोन हेरोइन के संगे हथियारो गिरवले होई। पुलिस गांव के कुछ लोगन से पूछताछो कइसल। ममिला में छानबीन जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]