[the_ad_group id="30365"]

मोहन भागवत कइलें चीफ इमाम इल्यिासी से भेंट, दिल्ली के मस्जिद पहुंचलें संघ प्रमुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत आजु दिल्ली में ऑल इंडिया इमाम आर्गनाइजेशन के चीफ इमाम डॉ. इमाम उमर अहमद इल्यिासी से भेंट कइलें। एसे पूर्व भागवत से पूर्व मुख्य चुनाव आयुक्त एसवाई कुरैशी अउर दिल्ली के पूर्व उपराज्यपाल नजीब जंग सहित कई मुस्लिम बुद्धिजीवियन के समूह भेंट कइलें रहे।

चीफ इमाम इल्यिासी से मिले खातिर संघ प्रमुख भागवत दिल्ली के कस्तूरबा गांधी मार्ग मस्जिद स्थित उनके कार्यालय पहुंचलें। आरएसएस हालही में मुसलमानन से संपर्क बढ़वले बाने अउरी भागवत समुदाय के नेता के संगे कई बइठक कइले बानें।

इल्यिासी से भेंट सामान्य संवाद प्रक्रिया : आंबेकर

इल्यिासी से संघ प्रमुख के मुलाकात के ले के आरएसएस के अभा प्रचार प्रमुख सुनील आंबेकर कहलें कि आरएसएस सरसंघचालक मोहन भागवत सब क्षेत्र के लोग से मिलेने। ई एगो सतत सामान्य संवाद प्रक्रिया के हिस्सा ह।

एकरे पहिले भागवत कुछ मुस्लिम नेता लोग से व्यक्तिगत स्तर पर मुलाकात कइले बानें। भागवत से मिले वाले नेता में दिल्ली के पूर्व उपराज्यपाल नजीब जंग, पूर्व चुनाव आयुक्त एसवाई कुरैशी, जमीरुद्दीन शाह, सईद शेरवानी अउरी शाहिद सिद्दिकी शामिल रहलें। भाजपा के पूर्व संगठन महामंत्री रामलाल के पहल पर भइल एह मुलाकात में भी दूनों समुदाय के बीच मतभेद के कम करे खातिर संभावित उपाय पर चर्चा कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]