[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: BJP के सीमांचल पॉलिटिक्स, पूर्व एमपी उदय सिंह दोबारा हो सकेले शामिल, गिरिराज सिंह सीमांचल के प्रभारी। 23 सितंबर के पूर्णिया में होखे वाला कार्यक्रम में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह होइहें शामिल।
  2. बिहार: बेगुसराय गोलीकांड के गैंग के नाम AK-47-56!, मिर्जापुर सीरीज देख वर्चस्व खातिर चलावल गोली, सोसल मीडिया प हैशटैग के संगे होला पोस्ट। गिरफ्तार नाबालिग पुलिस से कहले रहे- जे जादा क्राइम करी, उहे बेगूसराय प राज करी।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर के ‘गुंडाराज’ प पुलिस के लगाम: 23 बदमाशन के खोलल गइल हिस्ट्रीशीट, 37 प लागल गैंगेस्टर: 3.71 करोड़ के संपत्तियों जब्त। माफिया सुधीर सिंह समेत कइयन गो शातिर अपराधी बाड़ें शामिल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा के दूसरा दिन; विपक्ष कइलस सरकार के घेरे के बड़ तइयारी, सड़क से सदन तक होई हंगामा। कैबिनेट में पेश हो सकेला 3 गो विधेयक। सदन के भीतरी 100 दिन के उपलब्धि बता सकेले सरकार।
  5. झारखंड: रांची में भारी बरखा के आसार, अधिकतम तापमान 3 डिग्री गिर के 26 पज़ सबसे बेसी बरखा जमशेदपुर में, बुध ले जारी रही बरखा।
  6. कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव लडिहें शशि थरूर: सोनिया से लेले इजाजत, संगही राजस्थान के सीएम अशोक गहलोत बाड़ें दौड़ में। 17 अक्टूबर के प्रस्तावित बा चुनाव।
  7. पंजाब के पूर्व सीएम कैप्टन अमरिंदर सिंह भाजपा में शामिल:  बेटा-बेटी के संगे भाजपा जॉइन कइलें, अपना पार्टी के भाजपा में विलय करवले। बीजेपी मुख्यायल में कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह तोमर पार्टी के सदस्यता दिअवले।
  8. चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी के छात्रा लोगन के इंटरनेशनल कॉल प वीडियो वायरल करे के धमकी: हॉस्टल के लईकियन के कनाडा के इंटरनेशनल नम्बर से आइल वीडियो वायरल करे के धमकी, लईकियन के बीचे दहशत के माहौल कायम।
  9. वर्ल्ड कप से पहिले भारतीय खेलाड़ियन के टेस्ट: बूम बूम बुमराह के वापसी, भारत ऑस्ट्रेलिया के बीचे 3 मैच के सीरीज के पहिला टी-20 आज।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]