[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 9 साल के लईकी से रेप के बाद हत्या; अररिया में जिउतिया मेला बसे उठाके ले गइले बदमाश, बिना कपड़न के खेत में मिलल लाश। जिला के रानीगंज थाना क्षेत्र में भइल वारदात।
  2. बिहार: अमित शाह के महागठबंधन दिही करारा जबाब: दशहरा के बाद सीमांचल में होई महागठबंधन के सद्भावना रैली, जदयू 20-21 के करी बैठक। 23 आ 24 सितंबर के भाजपा कर रहल बिया सीमांचल में जनसभा।
  3. उत्तर प्रदेश: नीतीश कुमार के यूपी से चुनाव लड़ला प राजभर बोलले- नीतीश के जेतना राजनैतिक हैसियत UP में, ओतने हमरो बिहार में। फूलपुर से नीतीश कुमार के चुनाव लड़े के उठ रहल बा बात।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी कांग्रेस कमेटी राष्ट्रीय अध्यक्ष आ प्रदेश अध्यक्ष के फैसला सोनिया गांधी प छोडलस। सर्वसम्मति से सोनिया गांधी द्वारा प्रदेश अध्यक्ष आ कार्यकारिणी के सदस्यन के नाम घोषित करे के प्रस्ताव भइल पारित।
  5. झारखंड: मधु कोड़ा के खराब दिन, सीएम हेमन्त सोरेन के मिले से इनकार, पत्र भेजके रखले मन के बात। पूर्व मुख्यमंत्री 1932 के खतियान आधारित फैसला रद करे के मांग कइले बाड़े आ खतियान आधारित स्थानीयता नीति बनावे के कइले बाड़े मांग।
  6. पंजाब के सीएम के जर्मनी में फ्लाइट से उतारल गइल: पैसेंजर्स के कहनाम- नशा में धुत रहले भगवंत मान, उनका वजे से 4 घण्टा लेट भइल फ्लाइट। 11 सितंबर के जर्मनी गइल रहस मान, 17 सितंबर के लवटत घरी के ह ममिला।
  7. राजस्थान में कोर्ट के बाहर गैंगेस्टर के दिनदहाड़े मर्डर: पेशी प आइल रहे संदीप विश्नोई, 9 गोली मारल गइल, 2 गो साथी गंभीर रूप से घायल। नागौर कोर्ट परिसर में भइल दिनदहाड़े गैंगवार।
  8. महारानी एलिजाबेथ-II के अंतिम संस्कार: स्टेट फ्यूनरल के प्रोसेस खतम, प्राइवेट सेरेमनी सुरु होई, रात 12 बजे दफनावल जाई। भारत के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडेन दिहल लो श्रद्धांजलि।
  9. ममता के MLA के भाजपा के धमकी: मित्रा बोलले- 2 गो लईका भेजेम, ऊ चार गो बम फेेंकिहे स त बड़ बड़ बात करे वाला भागत नजर आई लो। कहले- भाजपा के कार्यकता लोगन के ठीक करे में बस 10 मिनट लागी।
  10. पूर्व क्रिकेटर गौतम गंभीर कहले- कोहली-धोनी के पूजा बंद होखे: फैन्स आ ब्रॉडकास्टर्स भारतीय क्रिकेट के इज्जत करे लो, स्टार पैदा ना करे लो। भारतीय क्रिकेट के बतवले असली हीरो।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]