Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

728
  1. बिहार: लालू के बेटी बोलली- सुप्रीम कोर्ट में  मनुवादियन के कब्जा: कॉलेजियम सिस्टम पs उठवली सवाल, कहली- एहपर जाति विशेष के अधिकार काहे?
  2. बिहार: पटना में खनन इंस्पेक्टर के गोली मारे के धमकी: खुद के बतवलस RJD विधायक रीतलाल के भाई; बोलल गाड़ी के नीच कुचल देब।
  3. उत्तर प्रदेश: मंत्री स्वतंत्र देव पs हत्या के आरोप, 8 घण्टा धरना, पूर्व ब्लॉक प्रमुख समर सिंह बोलले- हमार भतीजा के हत्या करववले, देर रात पुलिस थाना से जबरन हटवलस।
  4. उत्तर प्रदेश: 9 साल बाद कॉलेज में क्लर्क के भर्ती: एडेड कॉलेज में 1621 पदन पs होई भर्ती, पीईटी परीक्षा में 50% नंबर बा तs कs सकेनी अप्लाई।
  5. झारखंड: अपना मांगन के लेके अनिश्चितकालीन हड़ताल पs गइले ATMA कर्मी राहत फसल योजना के काम प्रभावित।
  6. 3 रुपिया सस्ता हो सकेला पेट्रोल-डीजल: इंटरनेशनल मार्केट में कच्चा तेल 92 डॉलर प्रति बैरल पहुंचल, ई सात महीना में सबसे कम।
  7. बेंगलुरू में तीसरको दिन बाढ़ से निजात ना: होटल में एक रात रुके के किराया भइल 40 हजार; सड़क पार करे खातिर जेसीबी बनल सहारा।
  8. देशभर में सौ ठिकानन पs इनकम टैक्स के रेड: राजस्थान में मंत्री के ठिकानन पs पहुंचली सs टीम, सेंटर फॉर पॉलिसी रिसर्चो पs छापा।
  9. वियतनाम के बार मे लागल आग: 12 लोग के मौत, 11 से जादे घायल, 2018 के बाद लागल ऐतना भयानक आग। बार में 40 लोग रहे।
  10. श्रीलंका से हार पs रोहित के अटपटा बयान: भारत पाकिस्तान फाइनल के सवाल पs इंडियन कैप्टन बोलले- होई टेंशन काहे ले रहल बानी।
324100cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.