Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नाबालिग बच्चियों से रेप के आरोप में लिंगायत महंत गिरफ्तार

कर्नाटक के चित्रदुर्ग के एगो स्थानीय अदालत यौन उत्पीड़न ममिला में लिंगायत मठ के प्रमुख महंत शिवमूर्ति मुरुगा शरणारु के अग्रिम जमानत याचिका के सुनवाई सुक तक खातिर स्थगित कs देले बा।

552

नाबालिग लईकियन से जुड़ल यौन उत्पीड़न ममिला में आरोपी लिंगायत मठ के महंत शिवमूर्ति मुरुघा शरणारु के कर्नाटक पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया।पुलिस एह ममिला में लिंगायत संत शिवमूर्ति मुरुघा शरणारु के खिलाफ यौन अपराधन से बच्चन के संरक्षण अधिनियम (पोक्सो) एक्ट के तहत ममिला दर्ज कइले रहे। गिरफ्तारी के बांद महंत के मेडिकल टेस्ट खातिर ले जाइल गइल। जवना के बाद उनका के कोर्ट में पेश कइल गइल।

शरणारु के गिरफ्तारी से कुछ घंटा पहिले बियफे के कर्नाटक पुलिस उनका खिलाफ लुकआउट नोटिस जारी कइले रहे। शिवमूर्ति मुरुघा शरणारु कर्नाटक के चित्रदुर्ग में लिंगायत मठ के प्रमुख महंत हवे। महंत के गिरफ्तारी के मांग के लेके राज्य में विरोध प्रदर्शन तक होत रहे, जवना के बाद पुलिस आ राज्य सरकार पs दबाव आउर बढ़ गइल रहे। चुनावी राज्य में राजनीतिक दल शिवमूर्ति मुरुगा शरणारू के खिलाफ आरोपन पs फूंक-फूंकके डेग उठा रहल बाड़ी सs।

अग्रिम जमानत पs सुनवाई सुक तक खातिर स्थगित

चित्रदुर्ग के एगो स्थानीय अदालत बियफे के मठ के प्रमुख महंत शिवमूर्ति मुरुगा शरणारु के अग्रिम जमानत याचिका के सुनवाई सूक तक खातिर स्थगित कs देलस। अधिवक्ता लोगन के एगो समूह कर्नाटक हाई कोर्ट के रजिस्ट्रार जनरल के पत्र लिखके दावा कइले बा लो कि नाबालिग लईकियन के कथित यौन शोषण ममिला में चित्रदुर्ग स्थित मुरुगा मठ के शिवमूर्ति मुरुगा स्वामी के खिलाफ जांच ‘निष्पक्ष आ स्वतंत्र तरीका से नइखे कइल जा रहल।

आवे आला दिनन में सब कुछ पता चल जाई

मठ के प्रशासनिक अधिकारी एस. के. बसवराजन बियफे के कहले कि ऊ महंत शिवमूर्ति मुरुगा शरणारु के खिलाफ कवनाे साजिश में सामिल नइखे आ ऊ बच्चन के रक्षा करे के कोसिस कs के आपन कर्तव्य निभवले बाड़े। मठ के अधिकारियन द्वारा विधायक बसवराजन आ उनका पत्नी पs महंत के खिलाफ साजिश रचे के आरोप लगावल गइल रहे। राज्य के सीएम बसवराजन बोम्मई पहिल बेर आपन चुप्पी तुड़त कहले कि आवे आला दिनन में सभे के सब कुछ पता चल जाई आ जदि बच्चा सही बावे लो, तs न्याय मिली।

एससी-एसटी एक्टो जोड़ल गइल 

महंत सोमार के अग्रिम जमानत खातिर अर्जी दायर कइले रहस, बाकिर उनका खिलाफ मंगर के एससी-एसटी एक्ट के तहत अतिरिक्त आरोप जोड़ल गइल, काहेकि दु पीड़ितन में से एगो अनुसूचित जाति (एससी) समुदाय के हs। अदालत पहिले पॉक्सो अधिनियम के तहत जमानत याचिका पs आपत्तियन के लेके बाल संरक्षण इकाई के नोटिस जारी कइले रहे।

पुलिस सूक तक के मंगले बिया समय

अब एससी-एसटी एक्ट के तहत अतिरिक्त आरोप सामिल कइल गइला के पृष्ठभूमि में जमानत याचिका पs अब पुलिस (अभियोजन) के आपत्तियो जरूरी हो गइल बा। पुलिस आपन आपत्तियां दर्ज करावे खातिर सूक तक के समय मंगले बिया। एकरा बादे अदालत अग्रिम जमानत याचिका पs सुनवाई करी। चित्रदुर्ग पुलिस एह हफ्ता के शुरुआत में सीआरपीसी के धारा 164 के तहत बयान दर्ज करावे खातिर दू गो पीड़ितन के पेश कइले रहे।

का बा पूरा ममिला?

एह ममिला में महंत के अलावे पांच आउर व्यक्ति आरोपी बाड़े, जमे मठ के छात्रावास के एगो वार्डनो सामिल बा। अइसन आरोप बा कि मठ द्वारा संचालित स्कूल में पढ़े आ छात्रावास में रहे आली 15 आ 16 वर्ष के दु लईकियन के यौन-उत्पीड़न जनवरी 2019 से लेके जून 2022 तक कइल गइल रहे।

साभार: हिंदुस्तान

319560cookie-checkनाबालिग बच्चियों से रेप के आरोप में लिंगायत महंत गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.