[the_ad_group id="30365"]

‘दाऊद के ठिकाना बतावs अउर 25 लाख रुपया नकद इनाम पावs’ एनआईए के बड़ घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम अउरी ओकर ‘डी’ कंपनी गैंग से जुड़ल लोग के बारे में जानकारी देवे खातिर नकद इनाम राशी देहले के घोषणा कइले बा। अंडरवर्ल्ड गैंगस्टर दाऊद इब्राहिम खातिर एनआईए 25 लाख रुपया के इनाम के घोषणा कइले बा। NIA के मुताबिक दाऊद इब्राहिम के गिरोह हथियार, विस्फोटक, ड्रग्स अउर नकली भारतीय मुद्रा नोट (FICN) के तस्करी खातिर भारत में इकाई के स्थापना कइले के कोशिश में लागल बा अउरी पाकिस्तानी एजेंसियन अउर आतंकी संगठन के साथ मिल के आतंकी हमला कइले के फिराक में बा।

दाऊद के सहयोगियन पर भी ईनामी राशि के घोषणा

जांच एजेंसी इब्राहिम के करीबी शकील शेख उर्फ छोटा शकील पर 20 लाख रुपया अउर हाजी अनीस उर्फ अनीस इब्राहिम शेख, जावेद पटेल उर्फ जावेद चिकना अउर इब्राहिम मुश्ताक अब्दुल रज्जाक मेमन उर्फ टाइगर पर 15-15 लाख रुपया के नकद इनाम देहले के भी घोषणा कइल गइल बा।

एह सभन पर 1993 के मुंबई सीरियल बम धमाका के बा आरोप

ई सब 1993 के मुंबई सीरियल बम धमाका के मामला में वांछित आरोपी बानें। अधिकारी कहलें कि एनआईए उनके बारे में जानकारी मंगले बा। जेसे उनकर गिरफ्तारी हो सकsता। एजेंसी फरवरी में ‘डी कंपनी’ के खिलाफ मामला दर्ज कइले रहे। एनआईए एगो बयान में कहलस कि दाऊद इब्राहिम कास्कर के संयुक्त राष्ट्र के ओर से वैश्विक आतंकवादी नामित कइल गइल बा, जौन एगो अंतरराष्ट्रीय आतंकवादी नेटवर्क चलावsला, जेकर नाम डी-कंपनी ह, जेमें अनीस इब्राहिम शेख, छोटा शकील, जावेद चिखना अउरी टाइगर मेमन जइसन ओकर करीबी सहयोगी शामिल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]