[the_ad_group id="30365"]

Dumka Murder Case: अंकिता हत्या ममिला में पुलिस दूसरका आरोपी छोटू खान के कइलस गिरफ्तार, भेजलस जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Dumka Murder Case: दुमका के बेटी अंकिता कुमारी के पेट्रोल छिड़क के हत्या करे के ममिला में पुलिस सोमार के दूसरा आरोपी नईम उर्फ छोटू खान के गिरफ्तार कइले बिया। एह बात के पुष्टि दुमका एसपी अंबर लकड़ा कइलें। एकरा पहिले मुख्य आरोपी शाहरूख के पुलिस पहिलही गिरफ्तार कs के जेल भेज चुकल बिया। एह हादसा के बाद से क्षेत्र में पुलिस प्रशासन के चौकसी बढ़ गइल बा।

जिनगी के जंग से हरली बेटी अंकिता

बता दीं कि दुमका के जरूवाडीह निवासी अंकिता कुमार सिंह पs आरोपी शाहरूख पेट्रोल छिड़क के जरावे के कोसिस कइले रहे। गंभीर रूप से झुलसल अंकिता आखिरकार अतवार के सबेरे रांची के रिम्स में दम तुड़ देलस। उनकर मौत के खबर मिलला के बाद लोगन के गुस्सा फूट पड़ल रहे। गुस्साइल लोग दुमका बाजार के बंद करवले रहे, ओहिजा दुधानी स्थित टावर चौक के जाम कs देले रहे लो। एने, जिला प्रशासन क्षेत्र में शांति बहाल राखे के उद्देश्य से धारा 144 के तहत निषेधाज्ञा लागू कs देले बा।

सीएम हेमंत सोरेन 10 लाख के सहायता राशि के कइलें घोषणा

एह ममिला के सीएम हेमंत सोरेन गंभीरता से लेले बाड़ें। मृतक अंकिता के परिजनन के 10 लाख रुपिया सहायता राशि देवे के घोषणा कइलें। संगही एह घटना कर फास्ट ट्रैक से ममिला के निष्पादन करे के निरदेस देले बाड़ें। ओहिजा, ऊ, एडीजी रैंक के अधिकारी से ममिला के जांच करवा के जल्दिये रिपोर्ट देवे के निरदेस डीजीपी के देले बाड़ें।

मृतक के परिजन के सउपल गइल चेक

एने, राज्य सरकार के आदेश पs दुमका डीसी रविशंकर शुक्ला अंकिता के पिता संजीव सिंह के सहायता राशि के तौर पs नौ लाख रुपिया के चेक दिहलें। जिला प्रशासन एक लाख रुपिया के चेक पहिलही संजीव के अंकिता के इलाज खातिर उपलब्ध करावल गइल रहे। एह तरे से कुल 10 लाख रुपिया अंकिता के परिजनन के सहायता राशि के तौर पs दिहल गइल बा। डीसी संजीव सिंह के घरे पहुंच के सहायता राशि प्रदान कइलें।

केंद्रीय मंत्री अर्जुन मुंडा स्पेशल टास्क फोर्स गठित करे के मांग कइलें

एकरा पहिले केंद्रीय मंत्री अर्जुन मुंडा राज्य सरकार से स्पेशल टास्क फोर्स गठित करे के मांग कइलें बाड़ें। संगही एह घटना में सामिल लोगन के खिलाफ कड़ा से कड़ा सजा दिलावे के मांग कइलें। संगही केंद्रीय मंत्री एह पूरा ममिला में राज्य सरकार से जवाब के मांग कइलें। बता दीं कि राज्य सरकार एह ममिला के गंभीरता से लेत तत्काल 10 लाख रुपिया के सहायता राशि मृतक अंकिता के परिजनन के सउपलस। संगही ममिला के जांच कs के जल्दिये रिपोर्ट देवे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]