[the_ad_group id="30365"]

Morbi Bridge Collapse: ओरेवा ग्रुप के MD जयसुख पटेल कोर्ट में कइलें सरेंडर, CJM कोर्ट जारी कइले रहे वॉरंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के मोरबी पुल हादसा ममिला में आरोपी ओरेवा ग्रुप के प्रबंध निदेशक (MD) जयसुख पटेल मंगर के मोरबी में सीजेएम कोर्ट में आत्मसमर्पण कs देलें। एकरा पहिले सीजेएम कोर्ट जयसुख पटेल के खिलाफ वॉरंट जारी कइले रहे। एकरा पहिले गिरफ्तारी से बचे खातिर जयसुख पटेल मोरबी के सत्र अदालत में अग्रिम जमानत याचिका दायर कइले रहस।

पिछला साल 30 अक्टूबर के मोरबी में मच्छु नदी पs बनल पुल गिरला से 135 लोगन के मौत हो गइल रहे। एह घटना के बाद गुजरात पुलिस नौ लोगन के गिरफ्तार कइले रहे। जेमें ओरेवा ग्रुप के चार कर्मचारी सामिल रहे लो। एमे कंपनी के दु गो मैनेजर आ दु गो टिकट क्लर्क बा लो।

जयसुख पटेल के नाम एफआईआरो में बतौर आरोपी दर्ज बा। जयसुख पटेल बीतल 20 जनवरी के मोरबी के सेशन कोर्ट में याचिका दायर कs के अग्रिम जमानत के मांग कइले रहस, बाकिर कोर्ट एकरा के खारिज कs देले रहे। गुजरात पुलिस बीतल 27 जनवरी के मोरबी सस्पेंशन ब्रिज हादसा ममिला में 1,262 पन्नन के चार्जशीट दाखिल कइले रहे। चार्जशीटो में ओरेवा ग्रुप के जयसुख पटेल के नाम बतौर आरोपी सामिल कइल गइल रहे।

गुजरात हाईकोर्ट जारी कइले रहे जयसुख पटेल के कंपनी के नोटिस

गुजरात हाईकोर्ट एह ममिला में स्वत: संज्ञान लेके सुनवाई कर रहल बा। हाईकोर्ट पिछला महीना मोरबी सस्पेंशन ब्रिज के रखरखाव आ संचालन करे वाली कंपनी अजंता मैन्युफैक्चरिंग लिमिटेड (ओरेवा ग्रुप) के नोटिस जारी कइले रहे। एह कार्यवाही में कंपनी के प्रतिवादी बनावे के मांग कइल गइल रहे। याचिकाकर्ता मांग कइले रहस कि कंपनी के हादसा से भइल क्षति के भुगतान खातिर उत्तरदायी बनावल जाए। एगो याचिका में दावा कइल गइल बा कि अजंता कंपनी पुल के मरम्मत खातिर देवप्रकाश सॉल्यूशंस के संगे अनुबंध कइले रहे। सरकार के जानकारी देले बिना भा फिटनेस प्रमाणपत्र हासिल कइले बिना दीपावली के छुट्टियन के दौरान पुल के लोगन खातिर खोल दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]