साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2023

बिहार: जवन लालू से नीतीश मंगले… ओइसने हिस्सेदारी मांग रहल बाड़ें कुशवाहा; अतिपिछड़ा लीडरशीप कार्ड खेल के कइलें बड़ अटैक; एक तीर से सधलें 2 निशाना। नंबर 2 के हैसियत बाकिर चलती ना। बिहार: एने

Share

  1. बिहार: जवन लालू से नीतीश मंगले… ओइसने हिस्सेदारी मांग रहल बाड़ें कुशवाहा; अतिपिछड़ा लीडरशीप कार्ड खेल के कइलें बड़ अटैक; एक तीर से सधलें 2 निशाना। नंबर 2 के हैसियत बाकिर चलती ना।
  2. बिहार: एने बहिन के जयमाला होत रहे… ओने भाई के हत्या; नवादा में खेत में बिना कपड़न के लाश मिलल, शादी छोड़के रात भर खोजत रहल घर के लोग।
  3. उत्तर प्रदेश: रामचरित मानस विवाद में कुदले प्रवीण तोगड़िया, बोललें केहू के कहला से कम ना होई पवित्र ग्रंथ के महत्व। रामचरित मानस से हिंदुअन के आस्था जुड़ल बा।
  4. उत्तर प्रदेश: ‘गर्व से कहs हम शुद्र हई’ सपा मुख्यालय के बाहर लागल पोस्टर; मानस विवाद पs दु-दु हाथ करे के तइयारी में अखिलेश। सत्ता के गलियारन में चरचा के विषय बनल पोस्टर।
  5. हजारीबाग के हेवई में मनरेगा के काम में लउकल गड़बड़ी, काम JCB से आउर राशि निकाल रहल बा लो मजदूर।
  6. 81 साल के आसाराम के रेप केस में उम्रकैद: सूरत के शिष्या से आश्रम में भइल रहे दुष्कर्म, 10 साल पहिले दर्ज भइल रहे FIR। 22 साल पुरान हs ममिला।
  7. एअर इंडिया पेशाब कांड में शंकर मिश्रा के जमानत: पटियाला हाउस कोर्ट सुनवलस फैसला, 6 जनवरी से जेल में रहे आरोपी। कोर्ट कहलस – पुलिस जवन महिला के गवाह बना के ले आइल ऊ पलटल।
  8. संसद में राष्ट्रपति के अभिभाषण: मुर्मू बोलली -देश में बिना डरले फैसला लेवे वाला सरकार; सर्जिकल स्ट्राइक, आर्टिकल 370 आ तीन तलाक के कइली जिकिर।
  9. इकोनॉमिक सर्वे सदन में पेश: 2023-24 खातिर GDP 6.5% रहला के अनुमान, बेरोजगारी दर कम होके 7.2 % भइल।
  10. इकाना के पिच क्यूरेटर के हटावल गइल: काली पिच के लाल बनवलें, कप्तान हार्दिक पांड्या आ बॉलिंग कोच पारस म्हाम्ब्रे क्यूरेटर पs सवाल खड़ा कइलें रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.