[the_ad_group id="30365"]

PM Modi US Visit: जून में प्रधानमंत्री मोदी कs सकत बाड़ें अमेरिका के यात्रा, व्हाइट हाउस से आइल बाइडन के न्योता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह साल गर्मियन में अमेरिका के यात्रा कर सकत बाड़ें। हालांकि, यात्रा के तारीखन के लेके अभी स्पष्टता नइखे आ दुनो देसन के अधिकारी एह पर काम कर रहल बा लो। सूत्रन के मानल जाव तs अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन के ओर से प्रधानमंत्री मोदी के अमेरिका यात्रा के निमंत्रण भेजल गइल बा।

दुनो देसन के प्रशासन एह निमंत्रण के सैद्धांतिक रूप से स्वीकारो कs लेले बा। मानल जा रहल बा कि दुनों पक्षन के अधिकारी जून-जुलाई के उपयुक्त तारीखन पs चरचा कर रहल बा लो, जब ना खाली अमेरिकी प्रतिनिधि सभा आ सीनेट दुनो के बैठक आयोजित होखे वाला बा, संगही प्रधानमंत्री मोदी के लगे ओह घरी कवनो पूर्व नियोजित अंतरराष्ट्रीय यात्रा भा घरेलू व्यस्तता नइखे। बता दीं, राजकीय यात्रा खातिर कम से कम कुछ दिनन के आवश्यकता होला, जेमे आउर बातन के अलावे अमेरिकी कांग्रेस के संयुक्त सत्र के संबोधित कइल आ व्हाइट हाउस में राजकीय रात्रिभोज सामिल बा। हालांकि, एह मुद्दा पs सूत्रन के कहनाम बा ई स्पष्ट नइखे कि प्रधानमंत्री मोदी के ई निमंत्रण कब दिहल गइल आ बाइडन कार्यालय के ओर से के उनका के व्यक्तित निमंत्रण दिहल।

सितंबर से पीएम मोदी के व्यस्त कार्यक्रम

एह ममिला पs नजर राखे वाला कुछ अधिकारियन के कहनाम बा कि भारत एह साल जी-20 के मेजबानी कर रहल बा। सितंबर में जी-20 के शिखर सम्मेलन होखे के बा, जेमे वैश्विक नेता लोगन के संगही अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन सामिल होइहें। एकरा बाद साल के अंत में होखे वाला विधानसभा चुनावन खातिर प्रधानमंत्री मोदी के प्रचार अभियान सुरू होई। अइसन में पीएम मोदी के लगे घरेलू व्यस्तता होई।

डोभाल अमेरिकी समकक्ष से कइलें मुलाकात

ओने, राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल एह दिनन अमेरिका यात्रा पs बा। मंगर के ऊ वाशिंगटन में अपना अमेरिकी समकक्ष जेक सुलिवन से मुलाकात कइलें। आईसीईटी उद्घाटन बैठक के समापन के बाद व्हाइट हाउस एगो फैक्ट शीट में कहलस कि हमनी के आपसी विश्वास आ विश्वास के आधार पs एगो खुलल, सुलभ आ सुरक्षित प्रौद्योगिकी पारिस्थितिकी तंत्र के बढ़ावा देवे खातिर प्रतिबद्ध बानी सs, जवन हमनी के लोकतांत्रिक मूल्यन आ लोकतांत्रिक संस्थानन के मजबूत करी।

आईसीईटी (iCET) के अमेरिकी राष्ट्रपति जो बाइडन आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निरदेस पs लॉन्च कइल जा रहल बा, जे मई 2022 में अपना टोक्यो बैठक के बाद सरकारन, व्यवसायन आ शैक्षणिक संस्थानन के बीच रणनीतिक प्रौद्योगिकी साझेदारी आ रक्षा औद्योगिक सहयोग के बढ़ावे आ विस्तारित करे के घोषणा कइले रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]