Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोवा में मिग 29K लड़ाकू विमान भइल क्रैश, बाल-बाल बचलें पायलट

230
गोवा में एगो मिग 29के लड़ाकू विमान क्रैश भइल बा। गोवा तट पर नियमित उड़ान के दौरान ई हादसा भइल। बतावल जा रहल बा कि विमान के दुर्घटनाग्रस्त होखले के बाद पायलट बाहर निकलले में कामयाब हो गइल, जेसे उनकर जान बच गइल। भारतीय नौसेना एह मामिला में जांच के आदेश जारी क दिहल गइल बा। अधिकारी लोग  बतवलें कि ई हादसा ओ वक्त भइल जब तकनीकी खराबी अइले के बाद विमान वापस बेस लौटत रहे।
रूस के मिकोयांग कंपनी द्वारा निर्मित मिग-29 विमान भारतीय सेना में अहम भूमिका निभावsला। वायुसेना में एकर संख्या 70 के करीब बा। वायुसेना के साथ-साथ भारतीय नौसेना भी एह विमान के इस्तेमाल करला

352990cookie-checkगोवा में मिग 29K लड़ाकू विमान भइल क्रैश, बाल-बाल बचलें पायलट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.