Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अखिलेश यादव पूरा कइलें अस्थि अउर पिंडदान के रसम, सुबहिये पहुंच गइल रहनें अंत्येष्टि स्थल पर

243
सपा संस्थापक अउर समाजवादी नेता मुलायम सिंह यादव के उनके पैतृक गांव सैफई में अंतिम संस्कार कर दिहल गइल। बुध के बिहाने अखिलेश यादव अपने पिता के अस्थियन के संचयन अउर पिंडदान कइलें।

ऊ कहलें कि पिता के गइले के दुख प्रकट कइलें। कहलें कि आजु पहिला बेर लागल… बिन सूरज के सवेरा उगा।
Akhilesh Yadav completes last rites of Mulayam Singh Yadav.

 

ऊ बुधवार सुबह पिता के चिता के दर्शन कइलें। एह दौरान ऊ बहुत गंभीर नजर आवत रहलें। उनके साथ उनके परिवार अउर गांव के लोग मौजूद रहलें।
Akhilesh Yadav completes last rites of Mulayam Singh Yadav.

 

मुलायम सिंह यादव के अंतिम दर्शन खातिर देश के सब बड़ राजनेता आइल रहनें। भाजपा, कांग्रेस अउर दक्षिण के राज्यन के मुख्यमंत्री अउर प्रमुख नेता अंतिम दर्शन खातिर पहुंचल रहनें।
Akhilesh Yadav completes last rites of Mulayam Singh Yadav.

 

उड़ीसा के सैंड आर्टिस्ट सुदर्शन पटनायक एह तरह सपा संरक्षक के श्रद्घांजलि देहलें।
Akhilesh Yadav completes last rites of Mulayam Singh Yadav.

 

मुलायम सिंह के अंतिम दर्शन खातिर जनसैलाब उमड़ पड़ल। जब तक सूरज चांद रहेगा… नेताजी का नाम रहेगा… अउर नेता जी अमर रहे के नारे उनके समर्थक लगावत रहलें।
353180cookie-checkअखिलेश यादव पूरा कइलें अस्थि अउर पिंडदान के रसम, सुबहिये पहुंच गइल रहनें अंत्येष्टि स्थल पर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.