[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान अमेरिकी राहत फंड के भी नाइ बख्सलस, जम के मचवलस लूट-खसोट, आगबबूला भइल बाइडन के अधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के भ्रष्टाचार के एगो अइसन करतूत सोझे आइल बा, जेके सुनले के बाद अमेरिका आगबबूला हो गइल बानें। दरअसल, पाकिस्तान में आइल भीषण बाढ़ से बचाव खातिर अमेरिका राहत फंड भेजले रहल लेकिन पाकिस्तानी नेता अउर अधिकारी सब एह में भी लूट-खसोट मचा देहलें। जांच में बड़ पैमाना पर भ्रष्टाचार के पता चलल रहे। उहवें एकर जानकारी जब अमेरिका के लागल त अमेरिकी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता नेड प्राइस पाकिस्तान के क्लास लगा देहलें।

प्राइस कहलें कि एह तरह के हरकत बर्दाश्त नाइ कइल जाई। उ कहले कि पाकिस्तान में ही नाइ बलुक दुनिया के कौनो भी देश में हम भ्रष्टाचार त स्वीकार नाइ करब। प्राइस कहलें कि हम दुनिया में त्रासदी झेल रहल देशन के मदद करेने, हम उनकर सुरक्षा खातिर वित्तीय सहायता भेजतनी, लेकिन एह तरह से भ्रष्टाचार कइल बहुत गंभीर मामला बा। हमनी के एकर आंकलन करब अउर आगे कार्रवाई पर विचार करिहें।

अमेरिका बाढ़ राहत के नाम पर देहले रहे 460 करोड़ रुपया

बता देईं कि अमेरिका पाकिस्तान के बाढ़ राहत प्रदान करत 460 करोड़ रुपया खाद्य सुरक्षा सहायता के अतिरिक्त 75 करोड़ रुपया देवे के घोषणा कइले रहे। सथही अमेरिका विनाशकारी बाढ़ के कारण पूरा पाकिस्तान में भइल तबाही अउर जानमाल के नुकसान पर दुख व्यक्त कइले रहलें। लेकिन एह तरह से पाकिस्तान में भ्रष्टाचार अमेरिका के बड़ झटका दिहलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]