Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मेटा हटवलस फेसबुक अउर इंस्टाग्राम से 2.29 करोड़ पोस्ट, यूजर्स लोग कइल अकाउंट हैक भइले के शिकायत

973

सोशल मीडिया के दिग्गज कंपनी मेटा अपने प्लेटफॉर्म फेसबुक अउर इंस्टाग्राम से करीब 2.29 करोड़ पोस्ट के हटा दिहलें। कंपनी कहलस कि फेसबुक अउर इंस्टाग्राम पर भारतीय यूजर्स के 23 मिलियन से अधिक कंटेंट के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल।

रिपोर्ट के मुताबिक कंपनी फेसबुक से 1.95 करोड़ से अधिक कंटेंट अउर इंस्टाग्राम से करीब 33.9 लाख कंटेंट के हटावल गइल बा। बता देईं कि मेटा के स्वामित्व वाले व्हाट्सएप भी नवंबर में 37 लाख से ज्यादा भारतीय अकाउंट के बंद कइले बा।

मेटा बतवलस कि फेसबुक से 1.49 करोड़ से अधिक स्पैम कंटेंट के शिकायत के बाद हटावल गइल बा। यूजर्स लोग एडल्ट न्युडिटी डॉयर सेक्सुअल एक्टिविटी से संबंधित कंटेंट के 18 लाख कंटेंट्स अउर 12 लाख हिंसक अउर ग्राफिक सामग्री से संबंधित शिकायत कइले रहनें। आईटी नियम, 2021 के तहत फेसबुक पर कंपनी के 889 शिकायत मिलल रहे।

उहवें इंस्टाग्राम से 10 लाख कंटेंट, हिंसक सामग्री से संबंधित 7.27 लाख कंटेंट, एडल्ट न्यूडिटी अउर सेक्सुअल एक्टिविटी से संबंधित 7.12 लाख कंटेंट पर कार्रवाई कs के हटावल गइल बा। कंपनी कहलस कि आईटी नियम, 2021 के तहत इंस्टाग्राम पs 2,368 शिकायत मिलल रहे, जेमें से सर्वाधिक 939 शिकायत अकाउंट हैक होखे के रहल।

अकाउंट हैक होखले के मिलल रहे शिकायत

मेटा जानकारी देत कहलस कि हमनीके टूल्स के मदद से 1124 मामिला में यूजर्स के उनकर शिकायत के समाधान उपलब्ध करवले बानीं जा। कंपनी कहलस कि यूजर्स द्वारा 555 शिकायत फेक अकाउंट्स के, अकाउंट हैक होने के 253 शिकायत, धमकावे या उत्पीड़न के 31 शिकायत अउर न्यूडिटी के 30 शिकायत कइल गइल रहे, जिनका पे कार्रवाई कइल गइल रहे।

419210cookie-checkमेटा हटवलस फेसबुक अउर इंस्टाग्राम से 2.29 करोड़ पोस्ट, यूजर्स लोग कइल अकाउंट हैक भइले के शिकायत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.