Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Meta AI: व्हाट्सएप आ मैसेंजर एप में मिली एआई के सपोर्ट, मार्क जकरबर्ग कइले घोषणा

1,065

 

 

फेसबुक के मूल कंपनी मेटा अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के एआई से लैस करे के तैयारी कईले बिया। मेटा के सीईओ मार्क जकरबर्ग कंपनी के ओर से नया एआई टूल के एगो पूरा सीरीज पेश कईले बाड़े। एआई टूल में मैसेंजर खातिर चैटजीपीटी आ व्हाट्सएप जइसन चैटबॉट्स शामिल बाड़ें जे अलग-अलग व्यक्तियों के इस्तेमाल से बातचीत क सके लें।

मेटा के मुताबिक, ऑल हैंड्स के बैठक में बोलत कंपनी के अधिकारी एगो आवे वाला इंस्टाग्राम फीचर भी देखवले, जवना से यूजर के फोटो के जगह टेक्स्ट लगावल जा सकता। कंपनी एगो अवुरी एआई टूल पेश कईले बिया जवन कि मैसेजिंग सेवा खाती इमोजी स्टिकर बना सकता।

एह शोकेस में एह बात के संकेत मिलत बा कि कइसे सोशल मीडिया के दिग्गज कंपनी अपना 3.8 अरब मासिक यूजर्स के आपन जनरेटिव एआई टूल उपलब्ध करावे के योजना बनावत बिया। बता दीं कि एकरा से कई महीना पहिले गूगल, माइक्रोसॉफ्ट अवुरी स्नैपचैट जईसन प्रतिस्पर्धी कंपनी अपना एआई टूल के लॉन्च करे के घोषणा कईले बिया।

प्रोडक्टिविटी असिस्टेंट के भइल घोषणा

कंपनी अपना एआई डिवीजन के भी पुनर्गठन कर रहल बिया आ अपना इंफ्रास्ट्रक्चर के आकार देवे खातिर भारी खर्चा क रहल बिया। मेटा के सीईओ मार्क जकरबर्ग एक दिन पहिले एगो सत्र में कर्मचारियन से कहले रहले कि पिछला साल जेनरेटिव एआई में भइल प्रगति से अब कंपनी के एह तकनीक के “हमनी के हर एक उत्पाद” में बनावल संभव हो गइल बा।

उपभोक्ता के सामना करे वाला टूल के अलावे ए बैठक में कार्यकारी कर्मचारी लोग खातीर मेटामेट नाम के एगो उत्पादकता सहायक के भी घोषणा कईले, जवन कि कंपनी के आंतरिक सिस्टम से मिलल जानकारी के आधार पे सवाल के जवाब दे सकता अवुरी काम क सकता।

 

 

560110cookie-checkMeta AI: व्हाट्सएप आ मैसेंजर एप में मिली एआई के सपोर्ट, मार्क जकरबर्ग कइले घोषणा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.