[the_ad_group id="30365"]

विज्ञान प्रतियोगिता : मेधावियन के सम्मानित कइल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के सतरांव में समाजसेवी शिवम पाण्डेय के ओर से विज्ञान आ सामान्य ज्ञान प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जवना विजेतन के कार्यक्रम के मुख्य अतिथि सूर्यप्रकाश मिश्रा के ओर से विजेता छात्र-छात्रा लोगन के सम्मानित कइल गइल। एह प्रतियोगिता में पहिला स्थान पs राजन खरवार, दूसरका स्थान पs नंदनी कुमारी, तीसरका अर्चना, अनिता, कृति सम्मिलित रूप से रहल।

एही कार्यक्रम के माध्यम से हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट के मेधावियन शिवानी सिंह, दिशा कुमारी, संजना सिंह, कुमारी चांदनी, आलिया आदि छात्रा लोगन के सम्मानित कइल गइल। एह कार्यक्रम के आयोजक राहुल मल्ल रहलें।

मुख्य अतिथि सूर्यप्रकाश मिश्रा कहलें शार्टकट से ऊंचाइयन पs नइखे पहुंचल जा सकत बा, एहिसे चुनौतीपूर्ण रास्ता के पार करत जिनगी में सफलता के नया ऊंचाइयन के प्राप्त करी। सैद्धांतिक आ बेवहारिक दुनो ज्ञान के जिनगी के हिस्सा बनाकर आगे बढ़लें। शिक्षक अखिलेश सिंह कहलें कि प्रतिभा परिवार के ना, समाज के होला। प्रतिभा के बढ़ावे में परिवार के सर्वाधिक जोगदान होला, बाकिर समाज के जोगदान के विस्मृत ना करे के चाहीं। जब समाज के जोगदान संगे होला तs प्रतिभा में निखार आ जाला। जब प्रतिभा के सम्मान समाज करेला तs समृद्धि के केहूओ रोक नइखे सकत।

विशिष्ठ अतिथि रणविजय कहलें कि शिक्षा से बड़ कवनो संपत्ति नइखे। रउआ सब लईका से अच्छा से अच्छा शिक्षा ग्रहण कs के आईएएस, पीसीएस, डॉक्टर, इंजीनियर आदि बनीं।

एह कार्यक्रम में डॉक्टर सवीर अंसारी, मुकेश यादव, हिमांशु विश्वकर्मा, सुनील यादव, सत्यम सिंह, आदर्श सिंह, सिद्धार्थ सिंह, शारदा कुशवाहा, इजहरुल, नीरज, प्रीति कुमारी आदि लोग उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]