[the_ad_group id="30365"]

Bihar Teacher News: खुशखबरी.. बिहार में 7000 शिक्षकन के होई बहाली

BIHAR teachers vacancy
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक बार फेर बिहार में 7000 से अधिका शिक्षक के बहाली होखे जा रहल बा। बाकिर अबकी बेर ई बहाली दिव्यांग शिक्षकन खातिर बा। एमें बहु दिव्यांगता श्रवण बाधित वाच्य आ भाषा दिव्यांगता समेत अन्य शिक्षक शामिल बाड़े। एकरा बारे में जल्दिए बीपीएससी के शिक्षा विभाग के ओर से जानकारी दिहल जाई। शिक्षा विभाग के मुताबिक सभ पद बेसिक श्रेणी के होई।

बिहार के प्राथमिक विद्यालय में 7,279 विशेष शिक्षक के नियुक्ति होई। एमें पूर्ण दृष्टिबाधित, विशेष अधिगम दिव्यांगता, बहु दिव्यांगता, प्रमस्तिष्कीय पक्षाघात, श्रवण बाधित, वाच्य आ भाषा दिव्यांगता, बौद्धिक दिव्यांगता आ स्वलीनता संबंधित शिक्षक शामिल बाड़े। एह मामला में रोस्टर क्लीयरेंस शिक्षा विभाग के ओर से कइल जाता। अगिला हफ्ता तक विभाग एकरा से जुड़ल रिकवरी के बिहार लोक सेवा आयोग के भेज दिही।

कवना वर्ग खातिर कतना वैकेंसी

शिक्षा विभाग से मिलल जानकारी के मुताबिक पहिला से पांचवां कक्षा खातिर 5,534 आ कक्षा छह से आठवीं तक खातिर 1,745 शिक्षकन के नियुक्ति संबंधी पद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]