[the_ad_group id="30365"]

Varanasi News: बीएचयू के छात्र महिला प्रोफेसर पऽ लगवलस उत्पीड़न के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीएचयू के एगो छात्र एगो महिला प्रोफेसर पs उत्पीड़न के आरोप लगवले बा। अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के अधिकारी एह मामला के शिकायत पत्र एक्स पs ट्वीट कऽ के वीसी आ बाकी लोग के टैग कऽ देले बाड़े। एह मामला के लेके बीएचयू के बाकी छात्र के बीच नाराजगी बा। एक्स पs बनल पोस्ट पs तरह तरह के बतकही हो रहल बा।

सेवा में,

श्रीमान् अधिष्ठाता छात्र कार्यालय काशी हिन्दू विश्वविद्यालय, वाराणसी

महोदय,

रउआ से निवेदन बा कि हम राजनीति विज्ञान विभाग में परास्नातक प्रथम वर्ष के छात्र हईं, हम आज (06/09/2024) राजनीतिक के क्लास लेत रहनी। हम प्रोफेसर प्रियंका जी के बहुत ध्यान से सुनत रहनी बाकिर आदरणीय प्रोफेसर साहिबा के ओर से हमरा के कहल गइल कि तोहार देखे के तरीका बतावता कि तू रेपिस्ट हउअऽ, कास्टिस्ट हउअऽ, सेक्स्टि हउअऽ ” क्लास में 70 से अधिका छात्रा लो के समक्ष ए तरे के कथन कहल गइल। जवना से हमार मानसिक रूप से प्रताड़‌ना भइल बा। कक्षा के अउरी विद्यार्थी प्रोफेसर मैम के कथन के सुन के हमरा के रेपिस्ट कह के चिढ़ा सकत बाड़े।

अतः रउआ से विनम्र निवेदन बा आप उचित कार्यवाही करीं ना तऽ हम सुसाइड कर सकऽ तानी।

BHU News
बीएचयू के छात्र महिला प्रोफेसर पs लगवलस उत्पीड़न के आरोप
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]