Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन 9 नवंबर तक कैंसिल: 27 अक्टूबर से गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस सहित ई गाड़ी भइली सs निरस्त, देखीं लिस्ट

372

छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन रद्द रहिहें सs। औड़िहार-भटनी रेल खंड के दोहरीकरण कार्य, न्यू पिवकोल स्टेशन के कमीशनिंग आ भटनी-पिवकोल के मध्य बाईपास लाइन के निर्माण कार्य के कारण 27 अक्टूबर से आठ नवम्बर तक ट्रेन प्रभावित रही। एह दौरान कइयन गाड़ियन के निरस्त कइल गइल बा। ई जानकारी पीआरओ अशोक कुमार पत्र जारी कs के देलें।

देखीं कैंसिल ट्रेनन के लिस्ट

  • वाराणसी सिटी से 27 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 15130 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • – गोरखपुर से 27 अक्टूबर से 10 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 15129 गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • भटनी आ बरहज से 27 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05149/05150 भटनी-बरहज-भटनी विशेष गाड़ी भटनी से सलेमपुर के मध्य आंशिक रूप से निरस्त रही।
  • भटनी आ बरहज से 27 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05151/05152 भटनी-बरहज-भटनी विशेष गाड़ी भटनी से सलेमपुर के मध्य आंशिक रूप से निरस्त रही।
  • बनारस आ भटनी से 27 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 01748/01747 बनारस-भटनी-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • वाराणसी सिटी से 27 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05148 वाराणसी सिटी-भटनी विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • भटनी से 28 अक्टूबर से 09 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05147 भटनी-वाराणसी सिटी विशेष गाड़ी निरस्त रही।गोरखपुर आ छपरा से 28 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05156/05155 गोरखपुर-छपरा-गोरखपुर विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • मऊ आ छपरा से 28 अक्टूबर से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05444/05443 गोरखपुर-छपरा-मऊ विशेष निरस्त रही।
  • गोरखपुर से 04 से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 05142 गोरखपुर-सीवान विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • सीवान से 05 से 09 नवम्बर, 2023 तक चलने वाली 05141 सीवान-नकहा जंगल विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • प्रयागराज रामबाग आ मुजफ्फरपुर से 30, अक्टूबर आउर 01, 06 आ 08 नवम्बर, 2023 के चले वाली 12538/12537 प्रयागराज रामबाग-मुजफ्फरपुर-प्रयागराज रामबाग द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • बनारस आ गोरखपुर से 02 से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 15104/15103 बनारस-गोरखपुर-बनारस एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • छपरा आ नौतनवा से 04 से 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 15105/15106 छपरा-नौतनवा-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • लखनऊ जं आ पाटलिपुत्र से 04, 07 आउर 08 नवम्बर, 2023 तक चले वाली 12530/12529 लखनऊ जं-पाटलिपुत्र-लखनऊ जं एक्सप्रेस निरस्त रही।
670200cookie-checkछपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन 9 नवंबर तक कैंसिल: 27 अक्टूबर से गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस सहित ई गाड़ी भइली सs निरस्त, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.