[the_ad_group id="30365"]

इंतजार खतम: यूपी के पहिला खेल विश्वविद्यालय के काम सुरू, ७०० करोड़ के आइ लागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के पहिला खेल विश्वविद्यालय के निर्माण शुरू होखे के इंतजार आखिरकार खतम हो गईल। झारखंड के कंपनी दीपांशु प्रमोटर एंड बिल्डर प्रालि सरधना के सलावा पहुंच के नाप के काम शुरू कs देलस। एकरा बाद मउका पs खड़ा झाड़ी के हटावे के काम जेसीबी से शुरू हो गईल।

अधिकारी के मुताबिक, चार-पांच दिन में सफाई के काम पूरा होखला के बाद निर्माण के काम शुरू होई। राज्य सरकार खेल विश्वविद्यालय खातीर 388.53 करोड़ रुपिया के मंजूरी देले बिया। सितंबर में सरकार पहिला कुलपति के नियुक्ति खातीर अधिसूचना जारी कईले रहे।

एहमें विश्वस्तरीय सुविधा होखी

नई दिल्ली के डीडीएफ कंसल्टेंट संस्था खेल विश्वविद्यालय के मास्टर प्लान अवुरी डिजाइन तैयार कईले बिया। विश्वस्तरीय निर्माण आ सुविधा देबे खातिर स्कूल ऑफ प्लानिंग एंड आर्किटेक्चर दिल्ली आ आइआाइटी रुड़की के तकनीकी सुझाव भी एहमें शामिल कइल गइल बा।

दू पॉकेट में निर्माण होखी

पॉकेट-ए में प्रशासनिक ब्लॉक, एकेडमिक ब्लॉक, क्लासरूम कॉम्पलेक्स, सेंट्रल लाइब्रेरी अवुरी अधिकारी अवुरी कर्मचारी अवुरी छात्र खातिर छात्रावास होई।

पॉकेट-बी में भव्य स्टेडियम, फुटबॉल ग्राउंड, फैसिलिटी सेंटर, इनडोर स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स, सीवरेज ट्रीटमेंट प्लांट होई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]