Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अगिले महीना से होई कई बदलाव, जानीं रउआ पर पड़ी का असर

537

साल के अंतिम महीना परसों से शुरू हो जाई। अइसे में कई सारा काम बा जौन आपके एही महीना में करे होई। साथही कुछ बदलावो एक दिसंबर से हो जाई।

जुर्माना के साथ भर सकब रिटर्न

अगर रउआ 2021-22 के आयकर रिटर्न अब ले दाखिल नइखीं कइले, त जुर्माना के साथ 31 दिसंबर ले एके भर सकतनीं। अगर आप के कुल आय 5 लाख रुपया से कम बा त आप के 1,000 रुपये जुर्माना देवे के होई। कुल आय 5 लाख रुपया से ज्यादा होखले पर जुर्माना के रकम बढ़ के 5,000 रुपया हो जाई।

अग्रिम कर के तीसरी किस्त

2022-23 के अग्रिम कर (एडवांस टैक्स) के तीसरी किस्त भरे के आखिरी तारीख 15 दिसंबर बा। जिनकर सालाना आयकर 10,000 रुपया से ज्यादा होला, उनके अग्रिम कर जमा करे के पड़sला। अगर 15 दिसंबर ले उ 75 फीसदी कर पहिले जमा नाइ करतनीं चाहे कम कs जमा करतनीं त एक फीसदी ब्याज लगी।

आईटी रिटर्न में गलती सुधार

हो सकsता कि वित्त वर्ष 2021-22 के आयकर रिटर्न भर दिहले होखीं अउर ओमें कौनो चूक हो गइल होखे। अइसे में रउआ 31 दिसंबर ले संशोधित रिटर्न दाखिल कर सकतनीं। एकरे बाद गलती नाइ सुधार पाएब। एकरे वजह से रउआ लग्गे आयकर विभाग के नोटिस आ सकsता।

त नाइ जमा कर पाएब जीवन प्रमाणपत्र

सरकार से पेंशन लेवे वालन के हर साल जीवन प्रमाणपत्र जमा करे के पड़ी। एके जमा करे के आखिरी तारीख 30 नवंबर बा। एह महीना के अंत ले जे जीवन प्रमाणपत्र जमा नाइ करी त उनके एक दिसंबर से अइसन कइले में असुविधा हो सकsता।

गैस के कीमत में बदलाव

देशभर में हर महीने पहिला तारीख चाहे पहिले सप्ताह में सीएनजी अउर पीएनजी के कीमत में बदलाव होला। अइसे में एक तारीख के कीमतें घटले चाहे बढ़ले के साथ हो सकsता कि न भीबबदलें।

शुरू होई बैंकन में छुट्टी

अगिले महीने 13 दिन बैंक बंद रही। बैंक के 13 दिन के छुट्टियन में दूसरे अउर चउथे शनिचर अउर सब अतवार के साप्ताहिक अवकाश बा। दिसंबर में क्रिसमस, साल के आखिरी दिन अउर गुरु गोबिंद सिंह जी के जन्मदिनो आ रहल बा, एह दिन बैंक में अवकाश रहsला।

394290cookie-checkअगिले महीना से होई कई बदलाव, जानीं रउआ पर पड़ी का असर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.