Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: बांसगांव से भाजपा सांसद कमलेश पासवान के डेढ़ साल के सजा, BRD मेडिकल कॉलेज पs कइले रहस चक्का जाम

बांसगांव से भाजपा सांसद कमलेश पासवान के MP-MLA कोर्ट डेढ़ साल के सजा सुनवले बा। जनवरी 2008 के एगो ममिला में कोर्ट नंबर- 2, ACJM सेकेंड प्रभात त्रिपाठी के कोर्ट अभियुक्त सांसद कमलेश पासवान, रामवृक्ष यादव, राजीसेमरा निवासी महेश पासवान, चंद्रेश पासवान, सराय निवासी रामआसरे, खोराबार थाना क्षेत्र के रायगंज निवासी सुनील पासवान आ चिलुआताल थाना क्षेत्र के मानबेला निवासी खुदुस उर्फ घुहुस के दोष सिद्ध होखला पs एक साल 6 महीना के कारावास के संगही दु हजार रुपिया के अर्थडंडों लगावल गइल बा।

768

गोरखपुर| बांसगांव से भाजपा सांसद कमलेश पासवान के MP-MLA कोर्ट डेढ़ साल के सजा सुनवले बा। जनवरी 2008 के एगो ममिला में कोर्ट नंबर- 2, ACJM सेकेंड प्रभात त्रिपाठी के कोर्ट अभियुक्त सांसद कमलेश पासवान, रामवृक्ष यादव, राजीसेमरा निवासी महेश पासवान, चंद्रेश पासवान, सराय निवासी रामआसरे, खोराबार थाना क्षेत्र के रायगंज निवासी सुनील पासवान आ चिलुआताल थाना क्षेत्र के मानबेला निवासी खुदुस उर्फ घुहुस के दोष सिद्ध होखला पs एक साल 6 महीना के कारावास के संगही दु हजार रुपिया के अर्थडंडों लगावल गइल बा।

ओहिजा, सजा के खिलाफ कमलेश पासवान सक्षम न्यायालय में अपील दायर करिहें। फिलहाल उनका के निजी मुचलका पs छोड़ दिहल गइल बा।

BRD पs कइले रहस चक्का जाम

दरअसल, अभियोजन पक्ष के ओर से अभियोजन अधिकारी के कोर्ट में कहनाम रहे कि बांसगांव के सांसद कमलेश पासवान पs 16 जनवरी 2008 में बसपा के सरकार के दौरान शिवपाल यादव आ अखिलेश यादव के गिरफ्तारी के विरोध में चक्का जाम करे के आरोप रहे। सपा कार्यकर्ता लोग गोरखपुर के बीआरडी मेडिकल कॉलेज के मेन गेट पs विधि विरुद्ध विरोध प्रदर्शन कइले रहे लो।

सपा में रहलें कमलेश पासवान

तब कमलेश पासवान समाजवादी पार्टी में रहस। हालांकि, बाद में ऊ भाजपा ज्वाइन कs लिहलें। साल 2008 से चल रहल एह मुकदमा में आज फसीला आवे के रहे। एह ममिला में जुर्म सिद्ध पावल जाये के बाद सनीचर के कोर्ट ई सजा सुनवलस।

सक्षम न्यायालय में दाखिल करिहें अपील

सनिचार सांझ 4:00 बजे कमलेश पासवान ACJM कोर्ट में तारीख पs पेश भइलें। कमलेश पासवान के अधिवक्ता पीके दुबे बतवलें, सजा के खिलाफ सक्षम न्यायालय में अपील दाखिल कइल जाई। हालांकि 3 साल से कम के सजा होखला पs सांसद आ विधायकन के नियमानुसार जेल भेजे के प्रावधान नइखे।

393180cookie-checkगोरखपुर: बांसगांव से भाजपा सांसद कमलेश पासवान के डेढ़ साल के सजा, BRD मेडिकल कॉलेज पs कइले रहस चक्का जाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.