Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूजा सिंघल परिवार के संपत्ति जब्त, पल्स हॉस्पिटल आ डायग्नोस्टिको अटैच, जानीं ED के जांच में का मिलल

पूजा सिंघल परिवार के संपत्ति जब्त, पल्स हॉस्पिटल आ डायग्नोस्टिको अटैच, जानीं ED के जांच में का मिलल

516

Jharkhand News: प्रवर्तन निदेशालय (ईडी ) मनी लाउंड्रिंग के आरोप में संजीवनी हेल्थ केयर प्राइवेट लिमिटेड के अधीन चल रहल पल्स हॉस्पिटल आ पल्स डायग्नोस्टिक के अस्थायी रूप से जब्त करे के आदेस जारी कs देलस। जब्त संपत्तियन में अस्पताल में लागल उपकरण आ मशीनन के अलावा अमिता झा (अभिषेक झा के मां) के नाम पs किनल गइल जमीन सामिल बा। जब्त संपत्ति के कीमत 82.77 करोड़ रुपिया आंकल गइल बा। एह संपत्तियन पs फिलहाल ओकर वर्तमान मालिकने के कब्जा रही। माने अस्पताल आ डायग्नोस्टिक सेंटर पहिलही के तरह चलत रही, बाकिर एकर खरीद-बिक्री ना हो सकी।

ईडी जांच में पवलस कि आइएएस अधिकारी पूजा सिंघल द्वारा अपना नाजायज आमदनी के जायज करार देवे खातिर बैंकिंग चैनलन के इस्तेमाल करत मनी लाउंड्रिंग कइल गइल। अपना पति अभिषेक झा के बैंक खातन में पलामू में उपायुक्त रहत नकद राशि जमा करवली। अभिषेक झा पूजा सिंघल के नाजायज आमदनी के सही करार देवे खातिर एकरा के ऑस्ट्रेलिया में खुद के द्वारा कमाइल गइल राशि बतवलें।

हालांकि ऊ अपना दावा के साबित करे में सफल ना हो सकलें। जांच में पावल गइल कि मनी लाउंड्रिंग के राशि पल्स हॉस्पिटल, पल्स डायग्नोस्टिक आ जमीन किने में इस्तेमाल कइल गइल। संजीवनी हेल्थ केयर के शेयरन के नया सिरा से बंटवारा कइल गइल रहे। एमे अभिषेक झा के लगे 21.92 लाख रुपिया मूल्य के 2,19,200 शेयर (32 प्रतिशत) आ अमिता झा के लगे 6.85 लाख रुपिया के 68,500 शेयर (10 प्रतिशत) बा। एकरा अलावे आयुषी पुरवार के पास 16.44 आ इशिता पुरवार के लगे 16.44 लाख के शेयर (24-24 प्रतिशत) बा। जांच में पावल  गइल रहे कि अभिषेक झा अस्पताल में अलग-अलग बैंकिंग चैनलन के माध्यम से 36 लाख रुपिया निवेश कइले रहस।

एमे से 22.25 लाख रुपिया अलग अलग बैंकन में नकद जमा कइल गइल रहे, जवन पूजा सिंघल के नाजायज आमदनी रहे। अमिता झा 6.5 लाख रुपिया के निवेश कइले रहली। एमे से 2.15 लाख रुपिया अलग-अलग बैंकन में जमा कइल नकद राशि से लिहल गइल रहे। पूछताछ में ई दावा कइल गइल कि अमिता झा संजीवनी से मिलल अपना वेतन के राशि के निवेश कइले बाड़ी। बाकिर जांच में पावल गइल कि ओह घरी ले संजीवनी सुरूए ना भइल रहे। पल्स अस्पताल के जांच में ई पावल गइल कि बुक्स ऑफ अकाउंट्स में भवन निर्माण के खरचा खाली 13.19 करोड़ रुपिया बतावल गइल।

बाकिर स्वतंत्र जांच में निर्माण के खरचा 42.82 करोड़ रुपिया आंंकल गइल। मशीन आदि खातिर 26.44 करोड़ रुपिया के खरचा देखावल गइल रहे। हालांकि वास्तविक खरचा 31.16 करोड़ रुपिया रहे। उषा कंस्ट्रक्शन के 1.12 करोड़ रुपिया के भुगतान कइल गइल रहे, एमे 47.74 लाख रुपिया नकद रहे।  डायग्नोस्टिक सेंटर के वास्तविक मूल्य 2.70 करोड रुपिया रहे। ओइसे एकर कीमत 1.10 करोड़ रुपिया बतावल गइल रहे।

इडी कांके थाना क्षेत्र में किनल गइल जमीन (17 डिसमिल, प्लॉट नंबर 1685 आ 1396 ) के जब्त कइले बिया। ई जमीन राधेश्याम फायर वर्क्स एलएलपी के नाम पs किनल गइल रहे। जमीन के किनला के कागज पs खाली 94.60 लाख रुपिया के भुगतान के उल्लेख कइल गइल बा। जांच में पता चलल कि एह खरीद खातिर 1.33 करोड़ रुपिया नकद भुगतान कइल गइल रहे। राधेश्याम फायर वर्क्स में पवन सिंह आ कमलेश सिंघल पार्टनर बा लो। कमलेश सिंघल, आइएएस अधिकारी पूजा सिंघल के मां हई आ पवन सिंह मनी लाउड्रिंग में गिरफ्तार सीए सुमन कुमार सिंह के भाई हवे।

जानीं, कवन-कवन संपत्ति जब्त भइल

संपत्ति का ब्योरा  कागजी मूल्य  वास्तविक मूल्य  मालिक

पल्स डायग्नोस्टिक 1.10 करोड़ 2.70 करोड़ अभिषेक झा

पल्स अस्पताल के भवन आ जमीन 13.19 करोड़ 42.85 करोड़  पल्स संजीवनी हेल्थ केयर

अस्पताल के लगे 1.65 डिसमिल के कट प्लॉट 17.00 लाख 17.00 लाख  अमिता झा

पल्स संजीवनी के उपकरण आ मशीन 34.95 करोड़ 34.95 करोड़  पल्स संजीवनी

कांके में 17 डिसमिल जमीन 94.6 लाख 2.27 करोड़ राधे श्याम फायर वर्क्स एलएलपी

अभिषेक झा के मां के नाम पs किनल गयी जमीनो जब्त।
अभी अस्थायी जब्ती बा, एहिसे संपत्तियन पs मालिकन के कब्जा रही, एकर खरीद-बिक्री न हो सकी।

397940cookie-checkपूजा सिंघल परिवार के संपत्ति जब्त, पल्स हॉस्पिटल आ डायग्नोस्टिको अटैच, जानीं ED के जांच में का मिलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.