[the_ad_group id="30365"]

Manish Sisodia Bail: मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से जमानत, 17 महीना बाद जेल से होइहें रिहा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

(Manish Sisodia Bail Update) दिल्ली आबकारी नीति घोटाला ममिला में (Delhi Excise Policy Scam) में जेल में दिल्ली के पूर्व उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आज जमानत मिल गइल।

दिल्ली सचिवालय जाये से रोके के मांग के कोर्ट कइलस खारिज

सुप्रीम कोर्ट जवना समय मनीष सिसोदिया के जमानत देलस, ओह समय ईडी के वकील ई मांग कइलें कि पूर्व मंत्री के दिल्ली सचिवालय जाये से रोके के शर्त के आधार बनाके जमानत दिहल जाव। जवना के कोर्ट खारिज कs देलस।

उनका लगे कुछ बरामद ना भइल -सिसोदिया

मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप में 17 महीना से जेल में बंद सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल। कोर्ट सिसोदिया के जमानत पs बहस सुनके छव अगस्त के फैसला सुरक्षित रख लेले रहे।

सिसोदिया जमानत मांगत दलील देले रहस कि ऊ पिछला 17 महीना से जेल में बाड़ें। ट्रायल अभी ले सुरू नइखे भइल। उनका लगे से कुछुओ बरामद नइखे भइल। अइसन में उनका के जमानत दिहल जाये के चाहीं। सीबीआई आ ईडी विरोध करत कहले रहे कि ट्रायल में देरी खातिर मनीष सिसोदिया जिम्मेदार बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]