[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी बदलले प्रोफाइल फोटो, करोड़न देशवासी लो से भी करत बाड़े अपील, जानीं वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हर घर तिरंगा अभियान में शामिल होखे के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आपन प्रोफाइल फोटो बदल देले। उs अपना प्रोफाइल पिक्चर में तिरंगा के फोटो डाल देले बाड़े। स्वतंत्रता दिवस से पहिले करोड़ो देशवासियन से अइसने करे के गोहार लगवले बाड़न. प्रोफाइल फोटो बदले के संगे उs लिखले कि, “जईसे ए साल स्वतंत्रता दिवस नजदीक आवता, आईं सभे मिल के हर घर तिरंगा अभियान के एगो यादगार जन आंदोलन बनाई। हम आपन प्रोफाइल फोटो बदलतानी अवुरी आप सभी से निहोरा करतानी कि अयीसन करीं। रउआ भी हमरा साथे जुड़ के हमनी के तिरंगा के जश्न मनाईं आ हाँ, https://harghartiranga.com पs आपन सेल्फी जरूर शेयर करीं।”

एगो अवुरी ट्वीट में पीएम मोदी भारत छोड़ो आंदोलन के बात भी कईले बाड़े, जवन कि देश के आजादी में मील के पत्थर साबित भईल। पीएम मोदी एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े, जवना में उs आंदोलन के बारे में जानकारी देले बाड़े। वीडियो शेयर करत उs लिखले कि, “बापू के नेतृत्व में भारत छोड़ो आंदोलन में भाग लेवे वाला सभ लोग के श्रद्धांजलि। वाकई में इs हमनी के स्वतंत्रता संग्राम के एगो महत्वपूर्ण पल रहे।”

हर घर तिरंगा अभियान का हs?

2022 में देश के आजादी के 75 साल पूरा होखला पs पीएम मोदी हर घर खातीर तिरंगा अभियान शुरू कईले रहले। एह अभियान के तहत कहल जात रहे कि देश के 20 करोड़ मकान के छत पs तिरंग फहरावल जाई। सरकार एह अभियान पs बहुते खरचा कइले रहुवे आ एकरा से पहिले झंडा फहरावे के नियम में भी बदलाव हो गइल रहे. नियम में बदलाव के बाद रात में भी तिरंगा के फहरावे के अनुमति दिहल गईल रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]