Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ममता बनर्जी के कांग्रेस के ऑफर, बतवली केतना सीटन पs लड़ सकेला चुनाव

467

लोकसभा चुनाव के लहर शुरू होखे में अबहीं बहुते कम समय बाचल बा। हालांकि अब ले विपक्षी दल I.N.D.I.A के गठबंधन के बीच सीट बंटवारा के लेके चर्चा के अंतिम रूप नईखे दिहल गईल। महाराष्ट्र, बंगाल अवुरी पंजाब समेत अलग-अलग राज्य में सीट बंटवारा के लेके दुविधा बा। एही बीच पश्चिम बंगाल के सीएम अवुरी तृणमूल कांग्रेस के मुखिया ममता बनर्जी कांग्रेस पार्टी के बहुत बड़ सलाह देले बाड़ी। उ साफ-साफ बतवले बाड़ी कि कांग्रेस के कतना सीट पs चुनाव लड़े के चाही।

कांग्रेस 300 सीट पs चुनाव लड़े

ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि कुछ खास क्षेत्र में भाजपा के खिलाफ लड़ाई क्षेत्रीय नेता के नेतृत्व में होखे के चाही। उs सुझाव देले बाड़ी कि कांग्रेस स्वतंत्र रूप से 300 लोकसभा सीट पs चुनाव लड़ सकेले। ममता बनर्जी इहो दावा कइली कि तृणमूल कांग्रेस जइसन भाजपा के सीधा मुकाबला दोसर केहू नइखे देत।

सीट शेयरिंग में देरी के आलोचना

कोलकाता में आयोजित रैली के संबोधित करत ममता कहली कि कुछ खास इलाका क्षेत्रीय दल खातीर छोड़ दिहल जाए। अकेले कांग्रेस 300 लोकसभा सीट पs चुनाव लड़ सकेले आ हम ओह लोग के मदद करब। हम ओह सीटन पs चुनाव ना लड़ब बाकिर ऊ लोग अपना बात पs अडिग बा। ममता बिना नाम लिहले कांग्रेस के आलोचना भी कईले बाड़ी कि उ राज्य में सीट शेयरिंग के लेके बातचीत में देरी कईलस।

खाली मंदिर में जाइल काफ़ी नइखे

ममता बनर्जी कहली कि खाली मंदिर जाइल काफी नईखे। आज कतना नेता सीधा भाजपा के चुनाव लड़ले बाड़े? केहू एगो मंदिर में जाके सोचले कि इहे काफी बा, लेकिन अयीसन नईखे। मंदिर, गुरुद्वारा, चर्च आ मस्जिद में हम ही अकेला आदमी गईनी। बहुत दिन से लड़त बानी। जब बाबरी मस्जिद के ढांचा गिरल रहे आ हिंसा होखत रहे तबो हम सड़क पs रहनी।

 

 

 

718160cookie-checkममता बनर्जी के कांग्रेस के ऑफर, बतवली केतना सीटन पs लड़ सकेला चुनाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.