Mainpuri Bypoll 2022: डिंपल खातिर अखिलेश यादव ने सुरू कइलें चुनाव प्रचार, पार्टी नेता लोगन संगे पहुंचलें करहल

Share

मैनपुरी लोकसभा सीट प होखे वाला उपचुनाव में सपा प्रत्याशी डिंपल यादव खातिर अखिलेश यादव प्रचार अभियान सुरू क देलें बाड़े। सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव चुनाव प्रचार के सुरुआत अपना विधानसभा क्षेत्र करहल से कइलें।

अखिलेश यादव पार्टी के वरिष्ठ नेता लोगन के साथे सुक के करहल के दिहुली पहुंचलें। ऊ चौधरी नत्थू सिंह के प्रतिमा प माल्यार्पण क के सपा नेता आ कार्यकर्ता लोगन के संगे संवाद कइलें। मंच प उनका साथे सपा के राष्ट्रीय महासचिव प्रोफेसर रामगोपाल यादव, पूर्व मंत्री स्वामी प्रसाद मौर्य समेत कइयन नेता मवजूद रहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-