[the_ad_group id="30365"]

Deoria News:ग्रामीण क्षेत्रन में धूम धाम से मनावल गइल महात्मा गांधी जयंती

गांधी आ शास्त्री जयंती पs भइल कार्यक्रम के आयोजन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। जिला के आदर्श कल्याण सेवा समिती के ओर से संचालित अनन्त महाप्रभु कोचिंग सतरांव में युवा कार्यक्रम खेल मंत्रालय भारत सरकार के ओर से महात्मा गांधी आ लाल बहादुर शास्त्री के जन्मदिन के अवसर पर पुष्प माला पहनाके आउर दीप प्रज्ज्वलित कs के कार्यक्रम के विधिवत सुभारंभ कइल गइल।

नवहा वालेंटियर राहुल मल्ल आ शिवम पाण्डेय के नेतृत्व में कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। शिवम महात्मा गांधी के जीवन मूल्य के वर्णन करत कहलें कि गांधी अहिंसा के पुजारी रहस। ऊ अहिंसा परमो धर्म के सिद्धांत के मानते रहस। ऊ देस के आजादी में आपन महत्वपूर्ण जोगदान देले बाड़ें। ऊ आजादी खातिर कइयन गो आंदोलन चलवलें। ब्रिटिश शासन काल के ऊ भारत से समाप्त कs देलें आ देशवासियन के देस अंग्रेजन से दिलवलें।

लाल बहादुर शास्त्री के जीवन पs प्रकाश डालत ऊ कहलें कि भारत के दूसरका प्रधानमंत्री के रूप में ऊ भारत आ पाकिस्तान के युद्ध के दौरान ऊ अपना महत्वपूर्ण भूमिका निभवले आ भारत के सफलता मिलल रहे। एह दौरान अखिलेश सिंह, सिद्धार्थ सिंह, राजन खरवार, आदर्श सिंह, अनुराग सिंह, संजना सिंह, प्रिय कुमारी, चांदनी शर्मा आदि लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]