[the_ad_group id="30365"]

आगरा के पैरा खिलाड़ी यश के मुख्यमंत्री योगी कइलें सम्मानित, देले 10 लाख के चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा के पैरा प्लेयर यश के लखनऊ में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सम्मानित कइले। सीएम यश के दस लाख रुपया के चेक देले।

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के इंदिरा गांधी प्रतिष्ठान में आगरा के पैरा ओलंपियन यश समेत पेरिस ओलंपिक आ पैरा ओलंपिक में मेडल विजेता आ प्रतिभागियन के सरकार धन उपलब्ध करवलस। मुख्यमंत्री आगरा के पैरा कैनो खिलाड़ी यश के दस लाख रुपिया के चेक भेंट कइलन।

दयालबाग के निवासी यश अगस्त महीना में पेरिस में आयोजित पैरा ओलंपिक में भारतीय कैनो आ कायकिंग टीम में भाग लेले रहले। पहिला बेर पैरा ओलंपिक खेले वाला यश अपना केएल-1 इवेंट में खेलत घरी सेमीफाइनल में चहुँप गइल रहले।

प्रभारी आरएसओ सविता श्रीवास्तव बतवली कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पारा ओलंपिक में भाग लेवे के सम्मान के निशानी के तौर पs यश कुमार के 10 लाख रुपया के चेक देले। यश बतवले कि मुख्यमंत्री के ओर से सम्मानित होके उनका गर्व महसूस होखता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]