[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली मेट्रो: ब्लू लाइन के पटरियन पs दिखल ड्रोन, रोक दिहल गईल गाड़ी

पटरियन पs दिखल ड्रोन:फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बुध के दिने दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs रेल सेवा प्रभावित भइल. जानकारी के मुताबिक उत्तम नगर पूर्व अवुरी उत्तम नगर पश्चिम मेट्रो स्टेशन के बीच पटरी पs ड्रोन के पता चलला के चलते ट्रेन सेवा में समस्या पैदा हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक करीब 30 मिनट ले ट्रेन सेवा प्रभावित रहे जवना के चलते यात्री के समस्या के सामना करे के पड़ल।

दिल्ली मेट्रो के अधिकारी बतावत बाड़े कि बुध के दिने दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs उत्तम नगर पूर्व आ उत्तम नगर पश्चिम मेट्रो स्टेशनन के बीच एगो ड्रोन पटरी पs पड़ल देखल गइल जवना के चलते 30 मिनट से अधिका समय ले ट्रेन सेवा प्रभावित भइल . एकरा बाद ड्रोन के पटरी से हटा दिहल गईल। एह पूरा काम के दौरान उत्तम नगर पूर्व आ उत्तम नगर पश्चिम के बीच मेट्रो सेवा उपलब्ध ना रहे। घटना के बाद उत्तम नगर पूर्व आ जनकपुरी पश्चिम के बीच आ उत्तम नगर पश्चिम आ द्वारका के बीच एकल लाइन पs ट्रेन सेवा दिहल गईल।

जानकारी के मुताबिक मेट्रो लाइन पs ड्रोन देखे के दूसरा घटना भी भईल बा।  मेट्रो पुलिस के मुताबिक घटना रात 8 बजे भईल।  जनकपुरी मेट्रो लाइन के ऊपर संदिग्ध ड्रोन देखला के बाद दिल्ली मेट्रो के रोक दिहल गईल। कुछ समय से मेट्रो सेवा बाधित रहे।  ऊ एयर आर्टिकल (ड्रोन) बरामद हो गइल बा. संदिग्ध ड्रोन खिलौना निहन बा अवुरी ओकरा मालिक से पूछताछ होखता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]