[the_ad_group id="30365"]

प्रभाकरण जिंदा बाड़े: तमिल नेता LTTE प्रमुख के बारे में कइलें चउकावे वाला खुलासा, कहलें- जल्द अइहे सामने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लिब्रेशन टाइगर्स ऑफ तमिल इलम(LTTE) प्रमुख वेलुपिल्लई प्रभाकरण के बारे में तमिल नेता चउकावे वाला खुलासा कइलें बाड़ें। वर्ल्ड तमिल फेडरेशन के अध्यक्ष पाझा नेदुमारन कहलें कि हमरा ई बतावत खुसी हो रहल बा कि हमनी के तमिल राष्ट्रीय नेता प्रभाकरण जिंदा बाड़े आ ऊ ठीक बाड़े। ऊ कहलें, जल्दिये, सही समय अइला पs प्रभाकरण दुनिया के सोझा अइहें।

नेदुमारन कहलें, हमरा उम्मीद बा कि एह खबर से ओह अटकलन पs विराम लागी, जवन लिट्टे प्रमुख के बारे में फइलावल गइल बा। ऊ आगे कहलें, रउआ सभे के बता दीं कि ऊ जल्दिये तमिल जाति के मुक्ति खातिर एगो योजना के घोषणा करे वाला बाड़े। दुनिया के सब तमिल लोगन के मिलके उनकर समर्थन करे के चाहीं।

2009 में मौत के घाट उतारल गइल रहे प्रभाकरण 

21 मई 2009 के लिबरेशन टाइगर्स ऑफ तमिल ईलम (एलटीटीई भा लिट्टे) के संस्थापक वेलुपिल्लई प्रभाकरण के श्रीलंका के सेना मौत के घाट उतार देले रहे। एही के संगे श्रीलंका के जाफना क्षेत्र लिट्टे के आतंक से आजाद हो गइल रहे। प्रभाकरण के मारल गइला के बाद लिट्टे हार मानत आपन बंदूकन के शांत करे के घोषणा कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]