IPS विकास वैभव के जान के खतरा! गृह विभाग के पत्र लिखले मंगले ट्रांसफर, बोललें- इहां काम कइल खतरा से खाली नइखे 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 13, 2023

ट्विटर पs अग्निशमन एवं होमगार्ड सर्विसेज के डीजी शोभा ओहटकर पs गाली-गलौज देवे के आरोप लगाके चरचा में आइल आइजी विकास वैभव के अब जान के खतरा के डर सता रहल बा। सोमार के आइजी

Share

ट्विटर पs अग्निशमन एवं होमगार्ड सर्विसेज के डीजी शोभा ओहटकर पs गाली-गलौज देवे के आरोप लगाके चरचा में आइल आइजी विकास वैभव के अब जान के खतरा के डर सता रहल बा। सोमार के आइजी विकास वैभव गृह विभाग के एह संबंध में एगो पत्र लिखके ट्रांसफर के अपील कइले बाड़े। ऊ पत्र में लिखलें कि हम कइयन महीनन से प्रताड़ित बानी। हम आ हमार परिवार मानसिक तौर पs बहुते परेसान बा। हमरा के दोसरा विभाग में भेजल जाव। वर्तमान विभाग में एको दिन काम कइल खतरा से खाली नइखे। उहां अप्रिय घटना हो सकत बा। विकास वैभव विभाग ना बदलला पs अवकाश के मांग कइलें बाड़े।

बता दीं कि विवादित ट्वीट ममिला में डीजी शोभा ओहटकर आइजी विकास वैभव के नोटिस दे चुकल बाड़ें। नव फरवरी के जारी नोटिस में उनका से 24 घंटा के भीतर जवाब मांगल गइल रहे। हालांकि, छुट्टी पs होखला के कारण उनकर जवाब अभी नइखे मिल सकल। आईजी वैभव पारिवारिक समारोह में भाग लेवे खातिर सिलीगुड़ी गइल रहे। अइसन में संभावना जतावल जा रहल बा कि सोमार के आईजी स्पष्टीकरण के जवाब दे सकत बाड़े। एह बीच गृह विभाग के पत्र लिखके ऊ फेर से सबके हैरान कs देलें बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.