[the_ad_group id="30365"]

G20 Summit 2023: जी-20 आज से, दुनिया देखी ‘डिजिटल इंडिया’, अलग-अलग देसन के 141 डेलीगेट्स होई लो साम‍िल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जी-20 के सुभारंभ सोमार से होई। एमे 141 देसन के डेलीगेट्स आ रहल बा लो। जी-20 बैठक में आर्थिक के अलावा डिजिटल पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर, साइबर सिक्योरिटी आ डिजिटल स्किलिंग पs चरचा होई। अतवार के इलेक्ट्रानिक एवं सूचना प्रौद्योगिकी विभाग भारत सरकार के सचिव अल्केश कुमार शर्मा पूरा कार्यक्रम के बारे में जानकारी देलें।

वसुधैव कुटुम्बकम थीम पs आयोजित कइल जा रहल बा जी-20 बैठक

ऊ बतवलें कि जी-20 देसन में 75 प्रतिशत ट्रेड होला। एह देसन के जनसंख्या आ जीडीपी निम्मन बा। 2017 में डिजिटल इकोनामी टास्क फोर्स बनावल गइल रहे। एकरा पहिले इंडोनेशिया में जी-20 बैठक भइल रहे। साल 2024 में ब्राजील एह बैठक के अध्यक्षता करी। जी-20 बैठक वसुधैव कुटुम्बकम थीम पs आयोजित कइल जा रहल बा। एकरा के तीन भाग में बांटल गइल बा। पहिला डिजिटल पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर हs, एकर उदाहरण यूपीआई आ आधार हs। डिजिटल पेमेंट के 45 फीसद भुगतान खाली भारतीय लोग करेला। पब्लिक ओन प्लेटफार्म तइयार कइल गइल बा, जवन दूसर देस के डेलीगेट्स के बतावल जाई। साइबर सिक्योरिटी अहम मुद्दा बा। एह चुनौती से कइसे निपटल जाव, एकरा के लेके चरचा होई।

डिजिटल स्किलिंग G20 Summit 2023 के तीसरका मुद्दा

इलेक्ट्रानिक एवं सूचना प्रौद्योगिकी विभाग के सचिव बतवलें कि डिजिटल स्किलिंग बैठक के तीसरका मुद्दा हs। एकरा के लेके बहुते काम भइल बा। छव करोड़ परिवार के डिजिटल स्किल के शिक्षा दिहल गइल बा। फ्यूचर प्राइम स्किल पs काम कइल जा रहल बा। एक करोड़ से जादे लोगन के रजिस्ट्रेशनो हो चुकल बा। इहां लोगन के पढ़ाई खातिर निशुल्क कंटेंट मिली। एकरा बारे में बिदेसी मेहमानन के बतावल जाई। 20 देसन में स्टे सेफ ऑनलाइन अभियान चलावल गइल बा। 91 करोड़ लोग एकर सदुपयोग कइले बा। एमे 25 से 34 साल के युवा जादे बा लो। एकरा अलावे डिजिटल इनोवेशन अलायंस के 28 देसन में प्रचार प्रसार कइल गइल। डिजिटल पेमेंट 33 देसन में इस्तेमाल कइल जा रहल बा। यूपी के 75 अलग अलग जगहन पs डिजिटल वैन जा चुकल बा आ एक लाख 20 हजार लोग एकर लाभ ले चुकल बा। तीन देस सिंगापुर, भूटान आ यूएई में रुपिया से भुगतान कइल जा रहल बा।

आज प्रदर्शनी के उद्घाटन करिहें मुख्यमंत्री

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के सबेरे नव बजे सेंट्रम होटल में प्रदर्शनी के उद्घाटन करिहें। इहां भारत सरकार, मेक माय इंडिया, आधार, टेलीकॉम आ यूपी सरकार के स्टाल लगावल गइल बा। पहिला दिन बिदेसी मेहमानन के यूपी सरकार के विकास कार्यन के झलक देखावल जाई। एकरा बाद डिजिटल पब्लिक इंफ्रास्ट्रक्चर पs वर्कशाप होई।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]