Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News: प्रदेश के 12 जिलने में 1.11 लाख किसानन के नुकसान, 15 मार्च से अब तक कुल 37,094 हेक्टेयर फसल चौपट

बरखा आ ओला गिरला से फसलन के भइल क्षति बढ़त जा रहल। नुकसान के आकलन में अब तक प्रदेश के 12 जिलन में 1,11,994 किसानन के फसल बरबाद भइल बा। एह किसानन के कुल 37094.54 हेक्टेयर क्षेत्रफल में लागल फसल चौपट भइल बा।

400

बरखा आ ओला गिरला से फसलन के भइल क्षति बढ़त जा रहल। नुकसान के आकलन में अब तक प्रदेश के 12 जिलन में 1,11,994 किसानन के फसल बरबाद भइल बा। एह किसानन के कुल 37094.54 हेक्टेयर क्षेत्रफल में लागल फसल चौपट भइल बा। आपदा से प्रभावित किसानन के कुल 119.13 करोड़ रुपिया के धनराशि मुआवजा के तौर पs दिहल जाये के बा।

सनीचर तक प्रदेश के 11 जिलन में 1.07 लाख किसानन के 35,480.52 हेक्टेयर क्षेत्रफल में लागल फसल बरबाद होखे के आकलन कइल गइल रहे। आपदा से प्रभावित जिलन के सूची में सोमार के हाथरस जिलो के नाम जुड़ गइल। हाथरस में 710 किसानन के 369 हेक्टेयर क्षेत्रफल में लागल फसल के क्षति भइल बा। एकरा अलावे प्रयागराज में आउर जादे नुकसान के सूचना मिलल बा।

राहत आयुक्त कार्यालय से मिलल जानकारी के मोताबिक 31 मार्च से दु अप्रिल के बीच 10 जिलन में ओला गिरला आ बरखा से फसलन के नुकसान पहुंचल बा। मुरादाबाद, अलीगढ़, सोनभद्र आ हमीरपुर में फसल क्षति 33 प्रतिशत से कम बा। पीलीभीत, बरेली, सीतापुर, फतेहपुर, संभल आ उन्नाव में फसल क्षति के आकलन करावल जा रहल बा।

कवना जिला में केतना नुकसान

जिला – प्रभावित क्षेत्रफल (हेक्टेयर में) – प्रभावित किसान

हाथरस – 369 – 710

फतेहपुर – 1343 – 5026

आगरा – 2804.15 – 4738

बरेली – 559 – 3090

चंदौली – 2986.81 – 11265

हमीरपुर – 271.83 – 396

झांसी – 145 – 205

ललितपुर – 6216.23 – 7888

प्रयागराज – 5694 – 12505

उन्नाव – 2801 – 5505

वाराणसी – 13112 – 58393

लखीमपुर खीरी – 792.52 – 2273 ।

501480cookie-checkUP News: प्रदेश के 12 जिलने में 1.11 लाख किसानन के नुकसान, 15 मार्च से अब तक कुल 37,094 हेक्टेयर फसल चौपट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.