[the_ad_group id="30365"]

SBI Server Down: सर्वर डाउन होखला से ऑनलाइन आ यूपीआई सेवा प्रभावित, ग्राहक हो रहल बा लो परेसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SBI Server Down: भारतीय स्टेट बैंक (एसबीआई) के कइयन ग्राहकन के नेट बैंकिंग आ यूपीआई सेवा खातिर समस्यन के सामना करे के पड़ रहल बा। कइयन गो एसबीआई उपयोगकर्ता माइक्रोब्लॉगिंग साइट ट्विटर पs बैंक सर्वर धीमा होखला के कारण हो रहल परेसानी के बारे में बतावत बा लो। ट्वीट्स में लोग सर्वर डाउन आ नॉन-रिस्पॉन्सिव होखे के बात कहले बा। एसबीआई के जवन सेवा प्रभावित बा ओमे नेट बैंकिंग, यूपीआई भुगतान आ आधिकारिक एसबीआई ऐप (योनो) सामिल बा। एकरा पहिले एक अप्रिल के एसबीआई के ऑनलाइन सेवा प्रभावित रहल रहे।

ऑनलाइन एसबीआई के साइट नइखे खुल रहल

 

एक अप्रिलो के आईल रहे ऑनलाइन सेवा में परेसानी

एकरा पहिले 1 अप्रिल, 2023 के एसबीआई सर्वर के रखरखाव की सूचना देले रहे। वार्षिक समापन गतिविधियन के कारण INB/YONO/UPI के सेवा उपलब्ध ना होई। दुपहरिया एक बजके 30 मिनट से चार बजकर 43 मिनट तक इंटरनेट बैंकिंग, योनो आ यूपीआई सेवन के बाधित रहला के बात कहल गइल रहे। भारतीय स्टेट बैंक ट्वीट कs के एकर जानकारी देले रहले।

सोमार के सबेरही से एसबीआई ग्राहक रहल लो परेसान

देस के सबसे बड़ सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक स्टेट बैंक ऑफ इंडिया के नेट बैंकिंग सहित कइयन गो सेवा सोमार के सबेरही से ठप बा। कइयन गो उपभोक्ता फंड ट्रांसफर में आवे वाला दिक्कतन के शिकायतो कइले बा लो। बता दीं कि एसबीआई के इंटरनेट बैंकिंग सेवा अलावे यूपीआई आ योनो ऐप से जुड़ल सेवा काम नइखे कर रहल।

ग्राहक लोग कइल लेन-देन में हो रहल परेसानी के शिकायत

एसबीआई के सर्वर डाउन होखला के कारण हो रहल परेसानियन के बारे में कइयन ग्राहक लोग शिकायत कइले बा। कइयन हो ग्राहक लोग बतावल कि ओह लोगन के क्रेडिट कार्ड पेमेंट तक नइखे हो पा रहल। बैंक के वेबसाइट पs ‘something went wrong at the bank servers. Please Retry’ मैसेज लउक रहल बा। वैश्विक स्तर पs बैंक सर्वरन में होखे वाला दिक्कतन के ट्रैक करे वाला वेबसाइट डाउन डिटेक्टरो एसबीआई के सेवन में आ रहल दिक्कतन के संबंध में ट्वीट कइले बा।

यूजर्स 32 घंटा से एसबीआई के पेमेंट गेटवे प्रभावित होखे के कर रहल बा लो शिकायत

भारतीय स्टेट बैंक के एगो यूजर ट्वीट करत कहलें कि एसबीआई के पूरा पेमेंट गेटवे पिछला 32 घंटन से काम नइखे कर रहल। एह बीच बैंक के ओर से कहल गइल, प्रिय ग्राहक हमनी के असुविधा खातिर माफी मांगत बानी सs। रउआ से अनुरोध बा कि दोबारा कोसिस करीं आ समस्या बनल रहत बा तs हमनी के बताई।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]