[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली : केजरीवाल सरकार के ओर से हिरासत के लेके दिहल गईल पहिला आदेश के जांच ईडी करी, एजेंसी एकर संज्ञान लेलस; अधिकारी लोग कार्रवाई में लागल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अधिकारी कहले कि, उ लोग जांच करतारे कि अइसन निर्देश जारी कईल पीएमएलए अदालत के दिहल आदेश के दायरा में बा कि ना? सवाल बा कि का केजरीवाल हिरासत के दौरान सरकार चलावे खाती जरूरी कागजात प हस्ताक्षर क सकतारे?

 

जांच एजेंसी अरविंद केजरीवाल के ईडी रिमांड में रहला के दौरान जारी सरकारी आदेश के संज्ञान लेले बिया। अधिकारी कहले कि, उ लोग जांच करतारे कि अयीसन निर्देश जारी कईल पीएमएलए अदालत के दिहल आदेश के दायरा में बा कि ना? सवाल बा कि का केजरीवाल हिरासत के दौरान सरकार चलावे खाती जरूरी कागजात प हस्ताक्षर क सकतारे? कोर्ट के आदेश के मुताबिक केजरीवाल रोज सांझ के 6 से 7 बजे के बीच अपना पत्नी सुनीता केजरीवाल आ निजी सहायक बिभव कुमार से आधा घंटा मिल सकतारे, जबकि उ अपना वकील से आधा घंटा मिल सकतारे।

 

एकरा से पहिले शराब घोटाला में फंसल दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शनिवार के ईडी के हिरासत से आपन पहिला आदेश जारी क जेल से सरकार चलावे के दावा के सही क देले। इ आदेश जल मंत्रालय से जुड़ल बा। केजरीवाल जल मंत्री अतिशी के दिल्ली के कई इलाका में पिए के पानी अवुरी सीवर के समस्या के समाधान करे के निर्देश देले। अतवार के दिने एह बात के खुलासा खुद अतिशी मीडिया से कइली । उ कहली कि, मुख्यमंत्री के पता चलल कि दिल्ली के कुछ इलाका में पानी आ सीवर के बहुत समस्या बा। उनका एह बात के चिंता बा ।

अतिशी कहली कि, सीएम के मानना बा कि उनका जेल में रहला के चलते लोग के कवनो समस्या के सामना ना करे के चाही। गर्मी भी आ रहल बा, एही से ईडी के हिरासत में रहत घरी शनिचर के आदेश दिहलन कि जहाँ पानी के कमी होखे ओहिजा उचित संख्या में टैंकर के व्यवस्था कइल जाव । मुख्य सचिव आ अन्य अधिकारी के उचित आदेश दिहल जाव ताकि जनता के समस्या के तुरंत समाधान हो सके। जरूरत पड़ला पर एह मामिला में लेफ्टिनेंट गवर्नर के मदद लीं ।

जेल से गैंग चलेला, सरकार ना: भाजपा

दिल्ली सरकार जेल से चलावे प भाजपा सांसद मनोज तिवारी कहले कि, सरकार ना, जेल से गैंग चलावल जाला। तिवारी केजरीवाल के गिरफ्तारी के स्वराज से शराब के सफर बतवले। उ केजरीवाल के पत्नी सुनीता केजरीवाल के भी निशाना बनावत कहले कि वीडियो में उनका के सीएम के कुर्सी प बईठल देखल गईल। एह कुर्सी पर बइठला में उनका कवनो लाज ना लागल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]