[the_ad_group id="30365"]

छपरा में सड़क जाम में एक घंटा फंसल रहल एंबुलेंस: एक्सीडेंट में घायल के ले जात रहे PMCH, खुदाई के चलते हो रहल बा समस्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छपरा में बुध के रात रोड जाम रहला के कारण लगभग एक घंटा तक इमरजेंसी मरीज के लेके एम्बुलेंस जाम में फंसल रहल। केहू सुध लेवे वाला ना रहे। एक किलोमीटर के दूरी तय करे में एंबुलेंस के लगभग एक घंटा लाग गइल। कड़ा मशक्कत के बाद एंबुलेंस के जाम से बाहर निकालल गइल आ पटना खातिर रवाना भइल।

एंबुलेंस में बइठल मरीज के परिजन अउर चालक हलकान दिखल। शहर के हृदयस्थली थाना चौक से लेके योगिनियां कोठी तक रोजे महाजाम के नजारा देखे के मिल रहल बा। एह के चलते समस्या उत्पन्न हो रहल बा।

एंबुलेंस छपरा सदर अस्पताल से पटना पीएमसीएच खातिर निकलल, बाकी फंस गइल। बहुत मशक्कत के बाद एंबुलेंस भीड़ से बाहर निकलल। मरीज के पटना लेके रवाना भइल। बता दीं कि सड़क दुर्घटना में घायल व्यक्ति के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। इस्थिति के नाजुक देखत बेहतर इलाज खातिर पटना रेफर कइल गइल रहे।

शहर में एह दिनन जाम के मुख्य कारण बुडको द्वारा मुख्य सड़क पs सीवेज ट्रीटमेंट प्लांट के पाइप लगावल बा। बुडको के इंजीनियर्स अउर कर्मचारियन के लापरवाही से मुख्य सड़क पs बेतरतीब तरीका से काम करावल जा रहल बा।

बिना वैकल्पिक मार्ग अउर ट्रैफिक के सुचारू रूप से चालू करवले बिना मुख्य सड़क पs बैरिकेडिंग कs के खुदाई सुरू कs दिहल जात बा। एह से जाम के इस्थिति उत्पन्न हो जा रहल बा। संगही नगरपालिका चौक पs डबल डेकर पुल निर्माण के काम चल रहल बा, जवना के चलते मार्ग संकीर्ण हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]