[the_ad_group id="30365"]

फायरिंग: गोपालगंज में गोली लगला से दु घायल; प्रॉप्रटी डीलर गोरखपुर रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नगर थाना क्षेत्र के तुरकान्हा टोला गांव में बियफे के सबेरे बाइक सवार बदमाश घर के दुआरी पs बात कर रहल दु लोगन पs गोली चला देले सs। प्रॉपर्टी डीलर समेत दु लोग जख्मी हो गइल। एगो व्यक्ति के इस्थिति गंभीर बनल बा। परिजन लोग स्थानीय लोगन के मदद से इलाज खातिर गंभीर व्यक्ति के गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल। इस्थिति के गंभीर देखत बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल।

जख्मियन में तुरकान्हा टोला गांव निवासी 50 साल के राजेश यादव आ 51 साल के संजय पांडेय सामिल बा लो। जख्मी राजेश यादव अपना घर के लगे संजय पांडेय से बात करत रहलें। एह दौरान मवका पs दु बाइक पs सवार चार के संख्या में पहुंचल बदमाश गोली चला देलेे सs।

फायरिंग के दौरान राजेश यादव के पेट अउर हाथ में गोली लागल बा जबकि संजय पांडे के पीठ के छूवत हुए गोली निकल गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस मामिला के जांच सुरू कs देले बिया। आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

संजय पांडेय बतवलें कि राजेश पांडेय अपना घर के दुआरी पs उनका से बात करत रहलें तब हमलावर गोली चला देलस। जख्मी राजेश यादव जमीन के कारोबार करेलें। साल 2021 में जिला परिषद के चुनाव लड़ल रहले। जमीन के अलावे फर्नीचर के बेवसाय करत रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]